[the_ad_group id="30365"]

यूपी में 75 घंटा के स्वच्छता अभियान शुरू, कूड़ा के ढेर हटा के बनीं सेल्फी प्वाइंट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के 75 जिला के 750 निकायन में 75 घंटा के स्वच्छता अभियान शुरू हो चुकल बा। लखनऊ में एकर शुरुआत नगर विकास मंत्री एके शर्मा कइलें। ऊ कहनें कि स्वच्छता के स्तर बढ़ावे खातिर हमनीके सफाई पर विशेष ध्यान देहल शुरू कइले बानीं जा। लखनऊ में पहिले 740 जगह रहल जहां कूड़ा फेंकल जात रहे जेमें से अब 110 बचल बा। बाकी साफ हो गइल बा।

 

एह अभियान के तहत स्वच्छ भारत मिशन नगरीय के अंर्तगत ‘प्रतिबद्ध:  75 जनपद, 75 घंटे, 750 निकाय’ अभियान 1 दिसंबर से शुरू कइले के निर्णय लिहल गइल बा। एह अभियान के तहत प्रदेश के 750 निकायन में कूड़ा एकत्रीकरण के दृष्टिगत संवेदनशील स्थान पs ‘गार्बेज वल्नरेबल प्वाइंट्स’ के पूर्णतया विलोपित कs के स्वच्छ स्थान में बदलले के योजना बा। एह स्थानन पर सफाई के बाद सौंदर्यीकरणो होई, अउर कई स्थानन के सेल्फी पॉइंट के तौर पर विकसित कइल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]