[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: गोरखपुर में बियाह के बंधन में बंधल हजार जोड़ा, सीएम योगी नवदंपतियन के देलें सुभकामना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

UP News: सीएम योगी आदित्‍यनाथ (Yogi Adityanath) गोरखपुर में विवाह पंचमी (Vivah Panchami) के मवका पs ‘मुख्यमंत्री सामूहिक विवाह योजना’ के अंतर्गत आयोजित ‘सामूहिक विवाह समारोह’ में हिस्सा लेलें। एह दौरान सीएम योगी ने कहलें कि जवना लोगन के आर्थिक इस्थिति निम्मन ना रहे। ओह लोगन के  घर में लईकी के बियाह बड़ समस्या रहे। कइयन गो लईकी कुंवार रह जात रहे लो। 2017 में जब प्रदेश में डबल इंजन के बीजेपी सरकार बनल तs एह समस्या के समाधान खातिर ‘मुख्यमंत्री सामूहिक विवाह योजना’ सुरू कइल गइल।

सीएम योगी कहलें, ‘ एह योजना के तहत हर जोड़ा के पहिले 31 हजार दिहल जाये लागल आ ओकरा बाद ई राशि बढ़ाके 51 हजार रुपिया कs दिहल गइल। प्रदेश में अब तक करीब दु लाख बियाह एह योजना के अंतर्गत हो चुकल बा। बाल विवाह आ दहेज कुप्रथा के खिलाफ सब लोगन के संकल्प लेवे के चाहीं। दहेज मुक्त बियाह में, सामूहिक विवाह कार्यक्रमन से जुड़के हमनी सभे दहेज कुप्रथा आ एकरा से जुड़ल आउर कुरीतियन के समाधान में आपन जोगदान दे सकत बानी सs।

एक हजार से बेसी जोड़ा बियाह के बंधन में बंधल लो

गोरखपुर के कार्यक्रम में एक हजार से बेसी जोड़न के बियाह भइल। नवदंपतियन के संबोधित करत सीएम योगी ने कहलें- ‘सामूहिक बियाह जइसन आयोजनन से बाल बियाह आ दहेज जइसन कुप्रथा पs अंकुश लागेला। आज विवाह पंचमी हs। एही तिथि पs भगवान श्रीराम आ माता जानकी के बियाह संपन्न भइल रहे। आज की तिथि में ई कार्यक्रम होखला से हमनी सभे हजारन बरिस पहिले श्रीराम-जानकी बियाह के पावन स्मृतियन से जुड़ रहल बानी सs। ई खुशनुमा आ सौभाग्यशाली माहौल बा।”

सामूहिक विवाह समारोह में पहुंचल सांसद रविकिशन शुक्ल कहलें कि डबल इंजन के सरकार जनकल्याणकारी कामन के नजीर पेश कर रहल बिया। सामूहिक विवाह कार्यक्रम एही के हिस्सा हs। हर धर्म-बिरादरी के गरीब बेटियन के धूमधाम से बियाह करवला के संगही सरकार ओह लोगन के गृहस्थी बसावे के सामानो दे रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]