[the_ad_group id="30365"]

कमजोरी के संगे खुलल घरेलू बाजार, सेंसेक्स 150 अंक टूटल, निफ्टी 18350 के पार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

घरेलू शेयर बाजार में बियफ़े के कमजाेरी के साथ कारोबार शुरू भइल बा। एह बेरा सेंसेक्स फिलहाल 82.08 अंकों के गिरावट के साथ 61,898.64 अंक के लेवल पर कारोबार कर रहल बा। उहवें निफ्टी 33.25 अंक के गिरावट के साथ 18,376.40 अंक पर कारोबार करत दिख रहल बा।
बियफ़े के के दिन सेंसेक्स 168 अंक के गिरावट के साथ 61812 अंकों पर खुलल। उहवें, निफ्टी 51 अंक के कमजोरी के साथ 18358 अंक पर ओपन भइल। बैंक निफ्टी में भी 135 अंक के गिरावट दिखल अउर यह 42399 अंक के लेवल पर खुलल। निफ्टी मिडकैप 32 अंक के गिरावट के साथ 31165 अंक के लेवल पर खुलल।
एसे पहिले ग्लोबल मार्केट (Global Markets) बियफ़े के दिन गिरावट के संकेत दिहलें। एसजीएक्स निफ्टी में 67 अंक के गिरावट दिख रहल बा। अमेरिका के डाऊ जोंस भी 0.12 फीसदी के गिरावट के साथ बंद भइल। एशियाई बाजार पर भी दबाव दिखल। जापान के निक्केई में 0.15% अउर कोरिया के कोस्पी में 0.50 प्रतिशत के गिरावट बा। एसे पहिले बुध के भारतीय बाजार 108 अंक के बढ़त के साथ बंद भइल। बुध के कारोबारी सेशन में सेंसेक्स एक समय पर 62052 अंक के लेवल ले पहुंच गइल। बुध के निफ्टी 0.03 फीसदी यानी छह अंक के बढ़त के साथ सपाट तरीका से बंद भइल रहे।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]