[the_ad_group id="30365"]

राहुल गांधी के गार्ड-पीए लेवे ला लो फसीला, जात-जात गुलाम नबी आजाद निकालले भड़ास, देले कांग्रेस से इस्तीफा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस के कद्दावर नेता रहल गुलाम नबी आजाद आज पार्टी के कामकाज के आलोचना करत अपना पद से इस्तीफा दे देले बाड़े। ऊ अपना पार्टी पs पांच पन्नन के लेटर बम गिरवले बाड़े। एमे ऊ कांग्रेस के पूर्व राष्ट्रीय अध्यक्ष राहुल गांधी पs जमके हमला बोलले बाड़ें। आजाद देश के सबसे पुरान पार्टी के आज के स्थिति खातिर उनके के जिम्मेदार ठहरवले बाड़े।

गुलाम नबी आजाद अपना पत्र में गांधी परिवार के युवा नेता राहुल गांधी के तीख आलोचना कइलें, बाकिर पूर्व प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी से लेके सोनिया गांधी तक गांधी परिवार से रहल अपना करीबी संबंधन के उल्लेख करत उनकर नेतृत्व क्षमता के सरहाना कइलें बाड़ें।

राहुल गांधी के बतवले अपरिपक्व नेता

सोनिया गांधी के नाम लिखल एह चिट्ठी में गुलाम नबी आजाद कहले बाड़े कि राहुल गांधी के राजनीति में एंट्री आ विशेष रूप से जनवरी 2013 में उनका के पार्टी के उपाध्यक्ष बनवला के बाद पार्टी में पहिले से मौजूद समूचा परामर्श तंत्र के ध्वस्त कs दिहल गइल। ऊ कहले कि राहुल गांधी के अपरिपक्वता के सबसे ज्वलंत उदाहरण उनका द्वारा मीडिया के चकाचौंध में एगो सरकारी अध्यादेश के फाड़ देहल रहे।

2019 के बाद आउर खराब भइल कांग्रेस के हालात

आजाद आगे कहले, ”2019 के चुनाव के बाद से पार्टी के हालात आउर खराब भइल बा। पार्टी के वरिष्ठ पदाधिकारियन के अपमान करे से पहिले कार्यसमिति के बइठक में राहुल गांधी हड़बड़ी में पद छोड़ देले आ रउआ (सोनिया गांधी) अंतरिम अध्यक्ष के पदभार ग्रहण कइनी।”

राहुल के गार्ड आ पीए लेवे ला लो निर्णय

आजाद यूपीए के सरकार के रिमोट कंट्रोल से चले वाला सरकार करार देले बाड़े। ऊ कहले, ”एहुमे बुरा बात ई बा कि यूपीए सरकार के संस्थागत अखंडता के ध्वस्त करे वाला ‘रिमोट कंट्रोल मॉडल’ अब भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस में लागू हो गइल बा। रउआ खाली एगो नाममात्र के व्यक्ति बानी। सब महत्वपूर्ण निर्णय राहुल गांधी भा उनकर सुरक्षा गार्ड भा फेर उनकर पीए द्वारा लिहल जा रहल बा। ऊ कहले कि कांग्रेस पार्टी के अइसन हालात हो गइल बा कि अब पार्टी के नेतृत्व संभारे खातिर खुद के परदा के पीछे खड़ा कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]