दुर्गा पूजा के मद्देनजर बिहार पुलिस में अवकाश पs रोक लगा दिहल गइल बा। ई 26 सितंबर से 8 अक्टूबर तक प्रभावी होई। एडीजी विधि-व्यवस्था संजय सिंह बियफे के अवकाश पs रोक लगावल जाये से संबंधित आदेश जारी कs देले।
दुर्गा पूजा के त्योहार 10 दिन तक चलेला। पुलिस मुख्यालय अबकि दफा 16 दिन खातिर पुलिस अधिकारियन आ जवानन के अवकाश पs रोक लगावल गइल बा। पूजा के दौरान विधि-व्यवस्था आ सांप्रदायिक सद्भाव बना के राखे खातिर बड़ संख्या में पुलिस फोर्स के जरूरत पड़ेला। एही के मद्देनजर अवकाश पs रोक लगावे के निर्णय लिहल गइल बा। खाली विशेष परिस्थिति में केहू के छुट्टी दिहल जाई। एह संबंध में जिलन के एसएसपी आ एसपी के संगे सब पुलिस इकाइयन के निरदेस जारी कs दिहल गइल बा।






