Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार में पुलिसकर्मियन के छुट्टी रद्द, हेडक्वार्टर जारी कइलस आदेश; जानीं वजह 

220

दुर्गा पूजा के मद्देनजर बिहार पुलिस में अवकाश पs रोक लगा दिहल गइल बा। ई 26 सितंबर से 8 अक्टूबर तक प्रभावी होई। एडीजी विधि-व्यवस्था संजय सिंह बियफे के अवकाश पs रोक लगावल जाये से संबंधित आदेश जारी कs देले।

दुर्गा पूजा के त्योहार 10 दिन तक चलेला। पुलिस मुख्यालय अबकि दफा 16 दिन खातिर पुलिस अधिकारियन आ जवानन के अवकाश पs रोक लगावल गइल बा। पूजा के दौरान विधि-व्यवस्था आ सांप्रदायिक सद्भाव बना के राखे खातिर बड़ संख्या में पुलिस फोर्स के जरूरत पड़ेला। एही के मद्देनजर अवकाश पs रोक लगावे के निर्णय लिहल गइल बा। खाली विशेष परिस्थिति में केहू के छुट्टी दिहल जाई। एह संबंध में जिलन के एसएसपी आ एसपी के संगे सब पुलिस इकाइयन के निरदेस जारी कs दिहल गइल बा।

338530cookie-checkबिहार में पुलिसकर्मियन के छुट्टी रद्द, हेडक्वार्टर जारी कइलस आदेश; जानीं वजह 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.