[the_ad_group id="30365"]

देवरिया के डीएम जारी कइलें समाधान नंबर: डायल कइला पs होई समस्या के समाधान, कलेक्ट्रेट में स्थापित बा काल सेंटर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

देवरिया के जिलाधिकारी अखण्ड प्रताप सिंह बतवलें कि आम जन के शिकायतन के निस्तारण के सुविधा खातिर कलेक्ट्रेट सभागार में काल सेन्टर स्थापित कइल गइल बा। जेकर दूरभाष नं. 05568-222261, 05568-225351 बा। जेकरा पs आम जनता आप शिकायत आ समस्या के नोट करा सकत बा।

एह काल सेन्टर के प्रभारी अपर उप जिलाधिकारी देवरिया (मो. नं. 809055716 ) आ सम्पूर्ण प्रभारी अपर जिलाधिकारी (प्रशासन) देवरिया (मो. नं. 9454416254, 8090554704) होई लो। प्रत्येक कॉल रजिस्टर में अंकित कइल जाई। सम्बन्धित स्थानीय कर्मचारी के नोट कराके निस्तारण रिपोर्ट से आवेदक के अवगत करावल जई। जेकर प्रविष्टि पंजिका में कइल जाई। एकर समीक्षा समय-समय पs कइल जाई। बड़ संख्या में आमजन आपन समस्या के समाधान करा रहल बा लो।

जिलाधिकारी बतवलें कि दूर-दूर से जनता आपन समस्या लेके वरिष्ठ अधिकारियन से मिले खातिर जिला मुख्यालय पs आवत बा लो। जब कि अधिकांश प्रकरण के निस्तारण स्थानीय कर्मचारियन, अधिकारियन (लेखपाल, राजस्व निरीक्षक, क्षेत्रीय सचिव, विकास खण्ड, थाना) के स्तर से सम्भव बा।

एकरा से परिलक्षित हो रहल बा कि स्थानीय कर्मचारियन आ अधिकारियन द्वारा दायित्वन के निर्वहन में उदासीनता बरतल जा रहल बा। ओकरा लापरवाही के कारण आम जन के मुख्यालय तक आवे जावे में बिना मतलब के समय, श्रम आ किराया के पइसा के अनावश्यक खर्च हो रहल बा।

अइसन ममिला के चिन्हित कs के सम्बन्धित दोषियन के दायित्व निर्धारित कइल जाई। कड़ा कार्रवाई कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]