[the_ad_group id="30365"]

सुरक्षित होई लो गोरखपुर के बेटी, सड़कन दउरी लो शेरनन, मनचलन पs लगाई लो लगाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

महिला लोग आ छात्रा सब के सुरक्षा खातिर मनचलन पs लगाम कसे खातिर एंटी रोमियो के तैनाती के लेके पुलिस अधीक्षक अपराध इंदू प्रभा टीम के साथे बैठक कइली। ऊ एंटी रोमियो आ शेरनी दस्ता के जिम्मेदारी समझवली। अइसन में अब सड़क पs फेर से शेरनी दउरी लो।

एकरा के लेके पुलिस अधीक्षक अपराध इंदू प्रभा पुलिस लाइन हाल में एंटी रोमियो आ शेरनी दस्ता अउर महिला सुरक्षा दल के टीमन के साथे बैठक कइली। ऊ ओह लोगन के जिम्मेदारियन के बारे में बतवली। संगही स्कूल, कालेज, भीड़ भाड़ वाला जगहन पs गश्त करे के निरदेस देली। ऊ कहली कि निरीक्षण के दौरान टीम के ना मिलला पs ओकरा विरुद्ध सख्त कार्रवाई कइल जाई।

दैनिक जागरण में प्रका एगो खबर के संज्ञान लेके वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक डा. गौरव ग्रोवर के निरदेस पs एसपी अपराध जिला के समस्त थानन में तैनात एंटी रोमियो दस्ता, शेरनी दस्ता आ महिला सुरक्षा दल के टीम के संगे बैठक करत ओह लोगन के अलग-अलग जिम्मेदारी ।

ऊ बतवली कि स्कूल खुलला आ बंद होखला के समय, भीड़ भाड़ वाला जगहन पs, शापिंग माल, सर्राफा बाजार में लगातार गश्त करत रहे के बा। एह दौरान मिले वाला मनचलन पs प्रभावी रूप से विधिक कार्रवाई होखे। ऊ थानेदारन के निरदेसित कइलस कि ओह लोगन थानन में शेरनी दस्ता के चलावे खातिर दिहल गइल स्कूटी के सही कराके दस्ते के सुपुर्द कs देवे। सांझ के समय एसपी अपराध कैंट आ कोतवाली थाना क्षेत्र में गश्त कs रहल टीम के निरक्षणो कइली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]