Monsoon Session: मानसून सत्र से पहिले सर्वदलीय बैठक आज, पीएम मोदी होइहें सामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 19, 2023

केंद्र सरकार 20 जुलाई से सुरू होखे वाला संसद के मानसून सत्र से संबंधित अलग-अलग मुद्दन पs विचार-विमर्श खातिर आज सर्वदलीय बैठक बोलावल गइल बा। ई एगो एक औपचारिक बैठक होई जवन संसद सत्र सुरू

Share

केंद्र सरकार 20 जुलाई से सुरू होखे वाला संसद के मानसून सत्र से संबंधित अलग-अलग मुद्दन पs विचार-विमर्श खातिर आज सर्वदलीय बैठक बोलावल गइल बा। ई एगो एक औपचारिक बैठक होई जवन संसद सत्र सुरू होखे से एक दिन पहिले होई। एह बैठक में सरकार के वरिष्ठ मंत्रियन समेत प्रधानमंत्री मोदी खुद शिरकत करिहें।

पहिले मंगर के होखे के रहे बैठक

बता दीं कि ई सर्वदलीय बैठक राज्य सभा के सभापति जगदीप धनखड़ मंगर के बोलवले रहस बाकिर अधिकतर पार्टियन के नेता लोगन के अनुपलब्धता के चलते ई बैठक टाल दिहल गइल। एह साल कइयन राज्यन में होखे वाला विधानसभा चुनाव आ अगिला साल होखे वाला लोकसभा चुनाव के देखत सत्ताधारी पार्टी आ विपक्ष आपन-आपन रणनीति बनावे में जुटल बा लो। विपक्ष जहां मंगर के बेंगलुरु में बैठक कइलस, ओहिजा एनडीए दिल्ली में बैठक कइलस।

हंगामेदार रही मानसून सत्र

मानसून सत्र के हंगामेदार होखला के अनुमान बा। अगिला साल होखे वाला लोकसभा चुनाव के देखत विपक्ष सरकार के खिलाफ हमलावर रुख अपनई। संगही महंगाई, मणिपुर संकट जइसन मुद्दन के लेके विपक्ष, सरकार के निशाना पs ले सकत बा।  उल्लेख करे जोग बा कि संसद के शीतकालीन सत्र हंगामा के भेंट चढ़ गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.