Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सृजन-संवाद के 120वीं गोष्ठी में किशोर कुमार के जीवनीकार से भइल चर्चा

'किशोर कुमार द अल्टीमेट बायोग्राफी' किताब पs भइल चर्चा

343

शहर में साहित्यिक गतिविधियन के क्षेत्र में अग्रणी सृजन संवाद के मंच तले बुध के साँझ के 120 वीं संगोष्ठी के आयोजन कइल गइल। आभासी पटल पर आयोजित एह संगोष्ठी में करीम सिटी कॉलेज के मास कम्युनिकेशन विभाग अउर न्यू दिल्ली फिल्म फाउंडेशन सहयोगी रहनें। सृजन संवाद के एह कार्यक्रम में एह बेर आमंत्रित लेखक रहनें अनिरुद्ध भट्टाचार्य जी, जे सुप्रसिद्ध गायक अउर अभिनेता श्री किशोर कुमार के जीवनी लिखल बा। ‘किशोर कुमार द अल्टीमेट बायोग्राफी’ नाम के ई किताब हार्पर कॉलिन्स प्रकाशन से एक्के साल में प्रकाशित भइल। अनिरुद्ध भट्टाचार्य जी ई किताब असम के पार्थिव धर के संगे संयुक्त रूप से लिखले रहनें। शोध परक एह किताब में किशोर कुमार के जीवन के कई अनछुआ पहलू बा जिनके बहुते रोचक तरीका से रखल गइल बा।

कार्यक्रम के शुरुआत न्यू दिल्ली फिल्म फाउंडेशन के फाउंडर डायरेक्टर श्री आशीष कुमार सिंह के परिचय सत्र से भइल। एकरे बाद कार्यक्रम के संयोजिका डॉ विजय शर्मा स्वागत संबोधन के माध्यम से सृजन संवाद के लक्ष्य के रेखांकित कइली। तदुपरांत मास कम्युनिकेशन के विभागाध्यक्ष डॉ नेहा तिवारी अउर अतिथि लेखक श्री अनिरुद्ध भट्टाचार्य जी के बीच बातचीत शुरू भइल। प्रश्नोत्तर पs आधारित एह सत्र के संचालन करत डॉ नेहा तिवारी अनिरुद्ध भट्टाचार्य जी से उनके लेखकीय जीवन, लेखन शैली अउर किताब में उपस्थित किशोर कुमार के जीवन से जुड़ल कई पहलू पर बातचीत कइलें जेकर अनिरुद्ध जी हिंदी अंग्रेजी मिश्रित भाषा में बहुते माकूल अउर बड़हन जवाब दिहलें। लगभग डेढ़ घंटा ले चलल एह सत्र में अनिरुद्ध जी बतवलें कि कइसे लगभग 12 साल (चौबीसों साल कहल जा सकsला, काहेसेकि दू लोग काम कइले बानें) के शोध के बाद ई पुस्तक सोझे आइल बा।

किशोर कुमार जी के जीवन के सही जानकारी लेवे खातिर ऊ प्राथमिक स्रोत के सहारा लिहले बानें अउर अपनिये खंडवा कोलकाता अउर मुंबई के यात्रा कइले बानें। एह पूरे कार्यकाल में लीहल गइल कई साक्षात्कार अउर अइसन लोग से मिलल शामिल बा जे किशोर कुमार के नजदीक से जानत रहे। कार्यक्रम के दौरान इहो सामने आइल कि ई किताब न खाली किशोर कुमार के जाने खातिर बलुक भारतीय सिनेमा के सुरुआती इतिहास के जाने खातिरो एगो निम्मन किताब साबित हो सकsता।

धेयान देवे वाला बात ई बा कि अनिरुद्ध जी एके बहुते विनोद पूर्ण तरीका से लिखल बानें जौन कि किशोर कुमार के भी शैली रहल बा। अनिरुद्ध किशोर कुमार के अल्टीमेट म्यूजिकल मैन करार देतने। सथही स्वीकार करेने कि उनकर जीवन एतना विरोधाभास से भरल बा कि ओमें से किशोर कुमार असल में के रहनें, ई जानल बहुते मुश्किल काम बा।

सथही इहो कहनें कि हमनीं के ओ किशोर कुमार से ही सरोकार रखे के चाहीं जौन हमेशा दैनिक जीवन में दिखत रहल अउर जेसे हमनी के एगो श्रोता अउर दर्शक के रूप में प्यार कइले बानीं जा। कलाकार बहुते संवेदनशील होलें, अउर उनके दिल में कई तह होला, जिनके समझल मुश्किल होला। एगो सवाल के जवाब में अनिरुद्ध जी किशोर कुमार के अपना के हरदम श्रेष्ठ बनावे के महत्वाकांक्षा के जिकिर करत बतवलें कि किशोर कुमार के अपने कला के बेहतर बनवले के ललक उनके बिना शास्त्रीय गायन में औपचारिक शिक्षा पवलें हिंदी सिनेमा के बड़ गायक बना दिहलस। सवाल जवाब के प्रक्रिया में राजेश खन्ना, आरडी बर्मन अउर किशोर कुमार के तिकड़ी के उपलब्धियन के भी चर्चा भइल। साथही नायक के मुताबिक अपने आवाज के ढाल लेवे के किशोर कुमार के क्षमता रहल।

देशभर से जुड़ल तमाम सिने प्रेमी अउर साहित्य प्रेमी लोग भी कई सवाल अनिरुद्ध जी से कइल, जेमें दिल्ली के जयति सरकार, गोमिया के प्रमोद कु. बर्नवाल, जमशेदपुर के यश रायचंद अउर आ राँची से अंजुला सिन्हा शामिल रहली। कार्यक्रम में जमशेदपुर से डॉ. सी भास्कर राव, देहरादून से वरिष्ठ सिने लेखक मनमोहन चड्ढा (स्वर्णकमल पुरस्कृत), बनारस से जयदेव दास, साहित्यकार गीता दुबे, रक्षा गीता भी शामिल रहली।

एह कार्यक्रम में करीम सिटी कॉलेज के मास कम्युनिकेशन विभाग के छात्र-छात्रा अउर फैकल्टी मेंबर लोग शामिल रहल। तकनीकी सहयोग मास कम्युनिकेशन डिपार्टमेंट के शाहजेब परवेज़ के रहल। धन्यवाद ज्ञापन आकाशवाणी जमशेदपुर के वरिष्ठ एंकर अउर अंतरराष्ट्रीय स्तर के खेल एंकर श्री शाहिद अनवर बहुते आकर्षक तरीका से कइलें। कार्यक्रम के समापन अनिरुद्ध जी के किशोर कुमार के गावल एगो मजेदार गीत के गुनगुनइले से भइल। नि:संदेह लेखकीय क्षमता के संगे गायन के समझ हीं उनके किशोर कुमार के जीवन के बड़ जीवनीकार बना दिहलस। धेयान देवे वाला बात ई बा कि अनिरुद्ध जी एहसे पहिले आर डी बर्मन अउर एसडी बर्मन के जीवनी भी लिखले बानें। जेकरे खातिर उनके राष्ट्रीय स्तर के पुरस्कारो मिल चुकल बा।

425110cookie-checkसृजन-संवाद के 120वीं गोष्ठी में किशोर कुमार के जीवनीकार से भइल चर्चा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.