[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली के सीएम प हमला करे के साजिश, मेट्रो स्टेशन पs लिखल धमकी; आप भाजपा प आरोप लगवलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के राजीव चौक आ पटेल नगर मेट्रो स्टेशन प बहुत जगहा सीएम केजरीवाल के खिलाफ धमकी लिखल गइल बा। आम आदमी पार्टी भी एकरा बारे में एगो प्रेस कांफ्रेंस कइलख। एकरा खातीर आप सीधा भाजपा के जिम्मेदार ठहरवले बिया।

आम आदमी पार्टी के मुखिया आ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के जान से मारे के धमकी दिहल गइल बा । दिल्ली के कई गो मेट्रो स्टेशन प इ धमकी लिखल गइल बा। एकरा अलावे मेट्रो पs भी धमकी लिखल मिलल बा। आम आदमी पार्टी एकरा खातीर सीधा भारतीय जनता पार्टी के जिम्मेदार ठहरवले बिया। एकरा संगे-संगे राज्यसभा सांसद संजय सिंह भी एगो प्रेस कांफ्रेंस कइले। उ प्रेस कांफ्रेंस में कहले कि अरविंद केजरीवाल के कुछो हो गइल त ओकरा खातीर भाजपा जिम्मेदार होई। ऊ कहले कि पीएम मोदी आ भाजपा नफरत आ बदला के भावना में एतना डूबल बाड़े कि अरविंद केजरीवाल के जान लेवे के साजिश रचतारे ।

भाजपा के भाषा में लिखल गइल धमकी

ऊ कहले कि ‘जेल में भी बड़ साजिश रचल गइल, शायद सुप्रीम कोर्ट ए साजिश के समझ के ओ लोग के राहत दे देलख।’ एकरा बाद संजय सिंह पटेल नगर मेट्रो स्टेशन के तस्वीर देखावत कहले कि अंकित गोयल नाम के एगो आदमी के फोटो बा। ओकर लिखल धमकी बा। जदी अंकित गोयल के लिखल धमकी के भाषा पढ़ीं त ठीक उहे भाषा हs जवन भाजपा के भाषा हs। पटेल नगर मेट्रो स्टेशन आ मेट्रो के भीतर खुलेआम धमकी लिखल जाता। देश के राजधानी दिल्ली में दिल्ली के सीएम पs हमला करे खातीर खुलेआम धमकी लिखल जाता।

चुनाव आयोग के चिट्ठी लिखल जाता

राजीव चौक मेट्रो स्टेशन के तस्वीर देखावत संजय सिंह कहले कि, ‘तीन बेर चुनल सीएम के खुलेआम हमला आ हत्या के धमकी दिहल जाता आ हरेक जगहा सन्नाटा बा। ए संबंध में सांसद, विधायक आ मंत्री के ओर से चुनाव आयोग के चिट्ठी लिखल जाता। जदी केजरीवाल जी के खरोंच तक हो गइल त एकरा खातीर सीधा जिम्मेदार पीएमओ, भारतीय जनता पार्टी आ पीएम मोदी होइहे। ऊ लोग रउआ के पहिलही से चेतावत बाड़े। बता दीं कि दिल्ली के पटेल नगर आ राजीव चौक प दिल्ली के सीएम के खिलाफ जान से मारे के धमकी दिहल गइल बा। आम आदमी पार्टी भी इ तस्वीर अपना एक्स हैंडल प शेयर कइले बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]