[the_ad_group id="30365"]

Malti Joshi Passes Away: प्रसिद्ध कथाकार मालती जोशी 90 साल के उमिर में दुनिया के कइली अलविदा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पद्मश्री से सजल लोकप्रिय कहानीकार मालती जोशी के बुध के दिने दिल्ली में निधन हो गइल. उनुकर उमिर 90 साल रहे। उनकर बेटा ऋषिकेश आ सच्चिदानंद जोशी (सदस्य सचिव, इंदिरा गांधी नेशनल सेंटर फॉर द आर्ट्स) आ पतोह अर्चना आ मालविका उनकर आखिरी पल में उनका साथे रहले लो। कुछ समय से उs आइसोफेगस के कैंसर से पीड़ित रहली।

उनुका निधन पs गहरा दुख जतावत भारतीय जनसंचार संस्थान के महानिदेशक रहल प्रोफेसर संजय द्विवेदी कहले कि पचास से अधिका हिंदी आ मराठी कहानी संग्रह के लेखिका मालती जोशी के हिंदी के सबसे लोकप्रिय कहानीकारन में गिनल जाला.

उहाँ के कहानी कहे के बेजोड़ शैली खातिर जानल जात रहनी। देश के कई गो विश्वविद्यालयन में उनकर साहित्य पs शोध के काम हो चुकल बा। उनकर कहानी जगत में भारतीय परिवार, रिश्तन आ मूल्यन के गहिराह समझ देखावल गइल बा.

इनकर जनम 4 जून 1934 के महाराष्ट्र के औरंगाबाद शहर के एगो मध्यम वर्गीय मराठी परिवार में भइल रहे। किशोरावस्था से ही लिखे लगनी। खास बात ई बा कि मालती जोशी के लेखन के शुरुआत भी कविता से भइल।

उहाँ के पहिला कहानी ‘धर्मयुग’ में साल 1971 में भेजल गइल रहे, जवना के प्रकाशन के बाद उहाँ के भारतीय साहित्य खास कर के हिंदी जगत के पाठकन के पसंदीदा लेखिका बन गइली। ई दोसर बात बा कि समय के साथ मराठी, उर्दू, बंगाली, तमिल, तेलुगु, पंजाबी, मलयालम, कन्नड़ के साथेअंग्रेजी, रूसी आ जापानी भाषा में उनकर कहानी के अनुवाद आ प्रकाशन भइल बा। अपना स्वाभाविक, सरल आ संवेदनशील भाषा से मालती जोशी हिन्दी कथा में अपना खातिर एगो अनूठा पहचान बनवली.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]