स्वाद यात्रा : घर में बाजार जइसन स्वादिष्ट छाछ क्षण भर में बनाईं, जानी एकरा के बनावे के रेसीपी

By Anurag Ranjan

Published on: May 20, 2024

गर्मी में ताजा रहे खातिर लोग दही आ दही आधारित उत्पाद के जादा सेवन करेले। अइसने में दही से बनल घरेलू ड्रिंक में छाछ भी शामिल बा। जदी रउआ एह रेसिपी के इस्तेमाल से घर

Share

गर्मी में ताजा रहे खातिर लोग दही आ दही आधारित उत्पाद के जादा सेवन करेले। अइसने में दही से बनल घरेलू ड्रिंक में छाछ भी शामिल बा। जदी रउआ एह रेसिपी के इस्तेमाल से घर में छाछ बनाइब त राउरा छाछ के स्वाद उहे होई जवन रउआ बाजार में खूब चाव से पीएनी ।

गर्मी में ताजा रहे खातिर लोग दही आ दही आधारित उत्पाद के जादा सेवन करेले। अइसमें में दही से बनल घरेलू ड्रिंक में छाछ भी शामिल होला। असल में बहुत लोग बाजार से छाछ खरीद के पीएला। जवना के रउरा मसाला छाछ कहेनी ।

बाकी घर में ई छाछ बनाइब त जेब प ढेर बोझ ना पड़ी आ घर में बइठल बाजार जइसन के स्वाद मिल जाई। जदी रउआ एह रेसिपी के इस्तेमाल से घर में छाछ बनाइब त रउरा छाछ के स्वाद उहे होई जवन रउआ बाजार में बहुते चाव से पीएनी।

 

छाछ बनावे खातिर सामग्री 

दही

भुनल जीरा

काला नमक

पानी

छाछ बनावे के तरीका – सबसे पहिले त ओतना लोग के दही लेवे के चाही, जेतना खातीर रउवा छाछ बनावल चाहsतानी। जदी रउआ एक गिलास छाछ बनावत बानी त आधा गिलास दही ले लीं आ ओतने पानी के जरूरत पड़ी। जदी रउरा घर में दही मथला खातिर मथनी बा त दही के एगो बर्तन में डाल के ओकरा में आधा गिलास से तनिका कम पानी डाल दीं। एकरा बाद दही के मथी। जदी रउरा लगे मथनी भा मिक्सर नइखे त ऊहो ठीक बा । आधा गिलास दही आ आधा गिलास से तनिका कम पानी एगो मिक्सर जार में ले लीं आ मिक्स कs लीही।

एकरा बाद रउआ गिलास ली। जब रउरा मिक्सर जार भा मथनी से मथल दही गिलास में डालब त एगो बात ध्यान में रखीं की तनी दूर से गिलास में छाछ डाली। एकर कारण बा कि जदी कुछ दूर से गिलास में छाछ डालब त ओकरा में झाग बन जाई। इ फोम ना सिर्फ निमन देखाई दिही बलुक जब रउवा छाछ पीयब त एकर स्वाद भी बहुत बढ़िया होई। गिलास में छाछ डाले से पहिले ओकरा में स्वाद के मुताबिक काला नमक डाल दीं।

अब भुनल जीरा के मोट-मोट दरदरा पीस लीं। एह जीरा के पाउडर के छाछ के ऊपर डाल दीं। जदी रउरा छाछ के अउरी आकर्षक बनावल चाहत बानी त ओकरा पर दू-तीन धनिया के पत्ता डाल दीं । अब राउर छाछ पीये खातिर तैयार हो गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.