Top 10 Scooters: स्‍कूटर सेगमेंट में होंडा के दबदबा कायम, जानीं April 2024 में बिक्री के ममिला में टॉप-10 के कइसन रहल हाल

By Anurag Ranjan

Published on: May 20, 2024

देस में हर महीना लाखन के संख्‍या में स्‍कूटर्स के बिक्री होला। April 2024 के दौरान Top-10 लिस्‍ट में कवना कंपनी के कवन स्‍कूटर (Scooter Sales) सामिल भइल। हमनी के एकर जानकारी रउआ सभन के

Share

देस में हर महीना लाखन के संख्‍या में स्‍कूटर्स के बिक्री होला। April 2024 के दौरान Top-10 लिस्‍ट में कवना कंपनी के कवन स्‍कूटर (Scooter Sales) सामिल भइल। हमनी के एकर जानकारी रउआ सभन के एह खबर में दे रहल बानी सs।

Scooter Segment में कइसन रहल बिक्री

भारतीय बाजार में April 2024 के दौरान पांच लाख से जादे स्‍कूटर्स के बिक्री भइल बा। आंकड़न के मोताबिक बीतल महीना टॉप-10 लिस्‍ट में सामिल स्‍कूटर्स के बिक्री 547946 यूनिट्स रहल। ईयर ऑन ईयर बेसिस पs स्‍कूटर सेगमेंट के टॉप-10 के बिक्री में करीब 25 फीसदी के बढ़त दर्ज कइल गइल बा।

पहिला पायदान पs रहल Honda Activa

भारत में होंडा के ओर से एक्टिवा स्‍कूटर के ऑफर कइल जाला। बीतल महीना में एह स्‍कूटर के सबसे जादे यूनिट्स के बिक्री भइल। जानकारी के मोताबिक होंडा एह स्‍कूटर के कुल 260300 यूनिट्स के बिक्री April 2024 में कइले बा। अप्रिल 2023 के दौरान एकर कुल 246016 यूनिट्स के बिक्री भइल रहे।

दूसरका नंबर पs रहल TVS Jupiter

होंडा एक्टिवा के बाद एह लिस्‍ट में दूसरका नंबर पs टीवीएस के जुपिटर रहल। एह स्‍कूटर के कुल 77086 यूनिट्स के बिक्री बीतल महीना में भइल बा। ओहिजा, पिछला साल April महीना में एकर कुल 59583 यूनिट्स के बिक्री भइल रहे।

तीसरका पायदान पs Suzuki Access

एह लिस्‍ट में तीसरका पायदान पs सुजुकी एक्‍सेस के नंबर रहल। सुजुकी बीतल महीना में एह स्‍कूटर के कुल 61960 यूनिट्स के बिक्री कइले बा। ओहिजा, April 2023 के दौरान एकर कुल 52231 यूनिट्स के बिक्री भइल रहे।

अगिला नंबर पs OLA S1

एह लिस्‍ट में अगिला नंबर इलेक्ट्रिक स्‍कूटर के रहल। ओला के ओर से ऑफर कइल जाये वाला एस1 के बीतल महीना में 33963 ग्राहक किनले रहे लो। ओहिजा, बीतल साल एही अवधि में एह स्‍कूटर के 22068 ग्राहक किनले रहे लो।

पांचवां पायदान पs TVS NTorq

टॉप-5 में टीवीएस के ओर से दूसरका स्‍कूटर NTorq सामिल कइल गइल बा। बीतल महीना में कुल 30411 यूनिट्स के बिक्री एह स्‍कूटर के भइल बा। April 2023 के दौरान एकर कुल बिक्री 26730 यूनिट्स के रहल रहे।

कइसन रहल आउर के प्रदर्शन

टॉप-5 के अलावे एह लिस्‍ट में अगिला नंबर होंडा डियो के रहल। जवना के कुल 23182 यूनिट्स के बिक्री April 2024 में भइल बा। एकरा बाद 17680 यूनिट्स के संगे सुजुकी बर्गमैन, 16713 यूनिट्स के संगे टीवीएस के इलेक्ट्रिक स्‍कूटर आई क्‍यूब, 14055 यूनिट्स के संगे यामाहा रे-जेडआर आ 12596 यूनिट्स के संगे हीरो डेस्टिनी टॉप-10 में आपन जगह बनवले बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.