[the_ad_group id="30365"]

नामांकन करे पहुंचली डिंपल यादव, पति अखिलेश यादव के अलावा परिवार के ई लोग दिखल संगे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मैनपुरी लोकसभा सीट पs उपचुनाव में सपा डिंपल यादव के चुनाव मैदान में उतरले बा। डिंपल यादव सोमार के दूपहर करीब 1.30 बजे पति अखिलेश यादव के संगे कलेक्ट्रेट पर नामांकन करे पहुंचली। उनके साथ शिवपाल सिंह चाहे आदित्य यादव नजर नाइ अइलें, जबकि पूर्व में प्रोफेसर रामगोपाल यादव द्वारा आदित्य यादव के संगे अइले के दावा कइल गइल बा। बता देईं मुलायम सिंह यादव के निधन के बाद खाली भइल मैनपुरी लोकसभा सीट पर सपा उनके पतोह अउर पूर्व मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के पत्नी डिंपल यादव के प्रत्याशी बनावल गइल बा।

डिंपल यादव के संगे सपा के राष्ट्रीय महासचिव प्रोफेसर रामगोपाल यादव अउर पूर्व सांसद मैनपुरी तेजप्रताप यादव मौजूद रहलें। उहवें लोग के नजर शिवपाल सिंह यादव अउर उनके बेटा आदित्य यादव के तलाशत नजर अइली। डिंपल यादव से पहिले कलेक्ट्रेट पहुंचे सपा के राष्ट्रीय महासचिव रामगोपाल यादव दावा कइले रहनें कि शिवपाल सिंह से पूछ के ही उपचुनाव में प्रत्याशी उतारल गइल बा। नामांकन में शिवपाल सिंह के बेटवा अउर प्रसपा के प्रदेश अध्यक्ष आदित्य यादव मौजूद रहिहें, लेकिन नामांकन में आदित्य यादव नजर नाइ अइलें।

बस एही लोग के मिलल भितरी जाए के अनुमति

प्रशासन व्यवस्था के अनुसार नामांकन स्थल पर लागल पहिला बैरियर पर ही डिंपल यादव के गाड़ी के रोक दिहल गइल। इहां से डिंपल यादव, अखिलेश यादव, प्रोफेसर रामगोपाल यादव,तेज प्रताप यादव अउर प्रस्तावकन के ही भितरी जाए देहल गइल। बैरियर से नामांकन स्थल ले सभे पैदले गइल। उहवें सुरक्षा कर्मियन के भी प्रवेश के अनुमति नाइ दीहल गइल। उहवें धर्मेंद्र यादव अउर उनके पिता अभय राम यादव के कलेक्ट्रेट के मुख्य गेट के बाहर ही रोक दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]