[the_ad_group id="30365"]

भाजपा कइलस उप चुनाव में प्रत्याशी घोषित : सपा सरकार में मंत्री रहल रघुराज शाक्य दीहें डिंपल के चुनौती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सपा सरकार में मंत्री रहल रघुराज शाक्य मैनपुरी लोकसभा उप चुनाव में सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव के पत्नी डिंपल यादव के चुनौती दीहें। भाजपा रघुराज शाक्य के मैनपुरी उप चुनाव में पार्टी के प्रत्याशी घोषित कइलस। पार्टी मंगर के उप चुनाव खातिर उम्मीदवारन के घोषणा कइलस।

प्रसपा के अध्यक्ष शिवपाल यादव के करीबी रहल रघुराज शाक्य विधानसभा चुनाव से पहिले भाजपा में शामिल भइल रहनें। रघुराज के पार्टी मैनपुरी में प्रत्याशी बना के सपा ख़ातिर मुकाबिला के कांटा के टक्कर बनवले के कोशिश कइले बानें।

उहवें रामपुर में भाजपा एक बेर फिर आकाश सक्सेना के प्रत्याशी बनवले बा। सपा के पूर्व विधायक आजम खां के खिलाफ आकाश सक्सेना ही संघर्ष कइले बानें। आकाश के शिकायत पर ही आजम के खिलाफ कई मामला दर्ज भइल बा। पार्टी विधानसभा चुनाव में भी आकाश के प्रत्याशी बनवले रहे लेकिन ऊ चुनाव हार गइलें। एह बेर संभवत: आजम के परिवार से केहू चुनाव नाइ लड़ रहल बा त आकाश टक्कर दे सकsतने।

मुजफ्फर नगर दंगा के मामिला में एमपी-एमएलए कोर्ट के ओर से भाजपा विधायक विक्रम सैनी के दो साल के सजा सुनावल गइला के बाद खाली भइल खतौली सीट पर पार्टी उनकर पत्नी राजकुमारी के प्रत्याशी बनावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]