[the_ad_group id="30365"]

55 तस्वीरन में देखल जा सकी पीएम मोदी के पूरा कहानी: चाय बेचे वाले जुवक से ले के पीएम बनले ले के सफर, मुख्यमंत्री कइलें उद्घाटन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ वाराणसी दौरा पs बानें।  ए दौरान ऊ रुद्राक्ष कन्वेंशन सेंटर में आयोजित काशी के सांसद अउर प्रधानमंत्री मोदी के जीवन पर आधारित चित्र प्रदर्शनी के दीप प्रज्वलित कs उदघाट्न कइले। उद्घाटन कइले के बाद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ प्रदर्शनी के अवलोकन कइल।
काशी के सांसद अउर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के जीवन पर आधारित अउर चित्र प्रदर्शनी में 55 चित्र के माध्यम से उनके व्यक्तित्व व कार्य के उकेरल गया है। बतावत चली कि एह चित्रन में गुजरात से ले के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के विश्व नेता बनले तक के सफर के कैनवास पs खूबसूरती से उकेरल गइल बा। एह पेंटिंग के खास बात ई बा कि एहमें जीएसटी, विमुद्रीकरण अउर सर्जिकल स्ट्राइक जइसन प्रमुख नीतिगत फैसलन के भी जगह दिहल गइल बा
रुद्राक्ष कन्वेंशन सेंटर पर प्रधानमंत्री पर आधारित फोटो प्रदर्शनी का उद्घाटन
एह चित्र में नरेंद्र मोदी के सामने आवे वाली चुनौतियन अउर उनकर उपलब्धि के भी बखूबी दर्शावल गइल बा। आयल अउर एक्रिलिक रंग से बनल एह पेंटिंग में गुजरात के एगो छोट से शहर में चाय बेचे वाले एगो युवा लइका से ले के दुनिया के सबसे बड लोकतंत्र के प्रधानमंत्री बनले के साहसी यात्रा के एगो दस्तावेज ह। एह पेंटिंग में 12 पेंटिंग प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के जीवन से सम्बन्धित, 32 पेंटिंग “मन के बात अउर 11 स्केच मन के बात पुस्तक से शामिल कइल गइल बा।
संकल्प से सिद्धि, काले धन को ना करो, नशीली दवाओं से सावधान रहे, हमारे किसानों को बचाओ, पानी एक आशीर्वाद है, खादी, लक्ष्य, मेरा भारत, स्वच्छ भारत, जीवन का आदर करो, मुद्रा योजना, राष्ट्रीय एकता, अउर मदद करे वाले हाथ जइसन उत्कृष्ट रचना बा। जौन खुबसुरते नाइ, बलुक एगो संदेश प्रतीत होले।
चित्र प्रदर्शनी का मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ ने किया उदघाट्न
प्रदर्शनी के उदघाट्न अवसर पर केंद्रीय कैबिनेट मंत्री सर्बानंद सोनोवाल, उत्तर प्रदेश के कैबिनेट मंत्री सुर्य प्रताप शाही, श्रम अउर सेवायोजन मंत्री अनिल राजभर, स्टांप अउर न्यायालय पंजीयन शुल्क राज्य मंत्री (स्वतंत्र प्रभार) रविंद्र जायसवाल, आयुष मंत्री दयाशंकर मिश्र ‘दयालु’, प्रदेश सह प्रभारी सुनील ओझा, काशी क्षेत्र के अध्यक्ष महेश चंद श्रीवास्तव, पूर्व मंत्री एवं विधायक डॉक्टर नीलकंठ तिवारी, विधायक लोग में डाॅ नीलकंठ तिवारी, सौरभ श्रीवास्तव, डॉअवधेश सिंह, सुनील पटेल, महानगर अध्यक्ष विद्या सागर राय, जिलाध्यक्ष हंसराज विश्वकर्मा, महापौर मृदुला जायसवाल, अशोक चौरसिया, क्षेत्रीय मीडिया प्रभारी नवरतन राठी, सह-मीडिया प्रभारी संतोष सोलापुरकर, नवीन कपूर, जगदीश त्रिपाठी, अशोक पटेल, संजय सोनकर, सुरेश सिंह, रौनी वर्मा, साधना वेदांती, गीता शास्त्री, आलोक श्रीवास्तव, इं अशोक यादव, अशोक कुमार एडवोकेट आदि लोग उपस्थित रहल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]