Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

2023 में इ बॉलीवुड फिलिम बॉक्स ऑफिस पs मचाइ खलबली, देखी लिस्ट

624

 

2023 में आवे वाली बॉलीवुड फिल्म : ‘पठान’, ‘आदिपुरुष’, ‘द केरल स्टोरी’ आ ‘जारा हटके जारा बचके’ जइसन फिलिमन बॉक्स ऑफिस पs जबरदस्त बिजनेस कइले बाड़ी सँ। शाहरुख खान अवुरी दीपिका पादुकोण के फिल्म ‘पठान’ ए साल के पहिला फिल्म रहे, जवन कि दुनिया भर के बॉक्स ऑफिस पs शानदार कलेक्शन बनवलस, ए फिल्म के लेके बहुत विवाद भईल। एकरा बाद एह पठान के बाद ‘आदिपुरुष’ आ ‘द केरल स्टोरी’ के लेके बहुत बड़ विवाद हो चुकल बा। कीर्ति सैनन आ प्रभास के फिल्म ‘आदिपुरुष’ के विरोध आजुओ जोर शोर से चलत बा। फिल्म के बजट के हिसाब से अबे ले कवनो खास कलेक्शन नईखे भईल। अब एह साल ई कुछ बॉलीवुड फिलिम बॉक्स ऑफिस पs दहशत पैदा करे खातिर तइयार बाड़ी सँ। सूची देखी-

Satyaprem Ki Katha – सत्यप्रेम की कथा

कार्तिक आर्यन आ कियारा आडवाणी के सबसे प्रतीक्षित फिलिम ‘सत्यप्रेम की कथा’ ह। एह फिलिम में दुनु जने दुसरका बेर परदा पs एक संगे देखे जा रहल बाड़े। एकरा से पहिले ‘भूल भुलाईया 2’ में दुनो के जोड़ी के बहुत पसंद आईल। ई फिलिम 29 जून 2023 के सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाली बिया।

Rocky Aur Rani Ki Prem Kahani – रॉकी और रानी की प्रेम कहानी

फिल्म निर्माता करण जौहर के फिल्म ‘रॉकी और रानी की प्रेम कहानी’ में रणवीर सिंह आ आलिया भट्ट पहिला बेर स्क्रीन स्पेस साझा करीहें। फिल्म 28 जुलाई 2023 के सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाला बा।

Animal – एनिमल

हालही में रणबीर कपूर फिलिम ‘तू झुठी मैं मक्कार’ में श्रद्धा कपूर के साथे देखल गइल रहले। फिल्म बॉक्स ऑफिस पs बढ़िया प्रदर्शन कइलस। अब रणबीर कपूर के फिल्म ‘एनिमल’ भी जल्दिए रिलीज होखे जा रहल बा। ई फिलिम 11 अगस्त 2023 के सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाला बा।

Gadar 2- गदर 2 

अमीशा पटेल आ सनी देओल अभिनीत गदर 2 11 अगस्त के रिलीज होखे वाला बा। फिल्म ‘गदर 2’ में सनी देओल आ अमीशा पटेल मुख्य भूमिका में बाड़ी। ई फिलिम 2001 के ब्लॉकबस्टर फिलिम गदर के सीक्वल हवे। सनी आ अमीशा के गजब के केमिस्ट्री एक बेर फेरु से देखे वाला बा।

OMG 2 – ओएमजी 2 

अक्षय कुमार आ यामी गौतम अभिनीत फिलिम ‘ओह माई गॉड 2’ 11 साल बाद 11 अगस्त 2023 के सिनेमाघरन में रिलीज होखी। पहिला भाग में अक्षय कुमार के भगवान श्रीकृष्ण के रूप में देखावल गईल, जबकि ‘ओह माई गॉड 2’ में अक्षय भगवान शिव के भूमिका में देखाई दिहे।

Dream Girl 2 – ड्रीम गर्ल 2 के बा

आयुषमान खुराना आ अनन्या पाण्डेय के फिलिम ‘ड्रीम गर्ल 2’ पहिले 7 जुलाई के सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाला रहुवे बाकिर अब ई फिलिम 25 अगस्त 2023 के रिलीज होखी. बता दीं कि ‘ड्रीम गर्ल 2’ 2019 में रिलीज भइल सुपरहिट फिल्म ‘ड्रीम गर्ल’ के सीक्वल ह.

Jawan – जवान

शाहरुख खान के फिल्म ‘पठान’ के बाद अब किंग खान के सबसे प्रतीक्षित फिल्म जवान जल्दिए रिलीज होखे जा रहल बा। फिल्म ‘जवान’ के प्रशंसक बेसब्री से इंतजार करत बाड़े। ई फिलिम 7 सितंबर 2023 के रिलीज होखी।

The Great Indian Rescue – द ग्रेट इंडियन रेस्क्यू

अक्षय आ परिणीति के सबसे प्रतीक्षित फिलिम ‘द ग्रेट इंडियन रेस्क्यू’ 5 अक्टूबर 2023 के रिलीज होखे वाली बा। फिल्म वाशु भगनानी, दीपशिखा देशमुख, जैकी भगनानी आ अजय कपूर मेकिंग एह फिलिम के निर्देशन टीनू सुरेश देसाई कइले बाड़न। एकरा से पहिले अक्षय कुमार अवुरी परिणीति चोपड़ा फिल्म ‘केसरी’ में देखल गईल रहले।

Fukrey 3 – फुकरे 3 

‘फुकरे’ के टीम एक बेर फेरु रउरा सभे के हँसावे खातिर तइयार बा। पुलकित सम्राट, वरुण शर्मा, ऋचा चड्ढा, मनजोत सिंह आ पंकज त्रिपाठी के फिलिम ‘फुकरे 3’ 7 सितंबर 2023 के सिनेमाघरन में रिलीज होखे जा रहल बा ।एह फिलिम के पहिला भाग साल 2013 में रिलीज भइल रहे।

 

579270cookie-check2023 में इ बॉलीवुड फिलिम बॉक्स ऑफिस पs मचाइ खलबली, देखी लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.