[the_ad_group id="30365"]

नरेश उत्तम पटेल दोबारा बनलें सपा के प्रदेश अध्यक्ष, अखिलेश के नजदीकी होखले के मिलल फायदा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

समाजवादी पार्टी के प्रदेश सम्मेलन में नरेश उत्तम पटेल के सपा के दुबारा प्रदेश अध्यक्ष चुनल गइल बा। सपा नेता प्रोफेसर रामगोपाल यादव कहलें कि प्रदेश अध्यक्ष पद खातिर खाली एक्के नामांकन आइल रहे। नरेश उत्तम के प्रस्ताव पर्चा सही पावल गइल। बतावल जा रहल बा कि नरेश उत्तम के अखिलेश यादव के करीबी होखले के लाभ मिलल बा। 2017 में जब विवाद भइल रहे त अखिलेश यादव नरेश उत्तम के प्रदेश अध्यक्ष बनावल गइल रहे। अब दोबारा उनही के प्रदेश अध्यक्ष चुनल गइल बा।

सपा के प्रदेश सम्मेलन के आयोजन लखनऊ के रमाबाई अंबेडकर मैदान में हो रहल बा। पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव के मौजूदगी में राष्ट्रगान भइल। एकरे बाद पार्टी के ध्वज फहरावल गइल।

सांस्कृतिक प्रकोष्ठ के निवर्तमान प्रदेश अध्यक्ष धर्मेंद्र सोलंकी स्वागत गीत के संगे समाजवादी मंच के स्वागत कइलें। सम्मेलन में वरिष्ठ नेता आजम खां नाइ शामिल हो पवलें। स्वास्थ्य ठीक न होखले के कारण उ दिल्ली के अस्पताल में भर्ती बानें। आजम के बेटा अब्दुल्ला भी सम्मेलन में मौजूद नाइ रहलें।

प्रदेश अध्यक्ष के नाम पर लागी मुहर

प्रांतीय सम्मेलन में प्रदेश अध्यक्ष के नाम पs विधिवत मुहर लगी। सूत्रन के कहनाम बा कि प्रदेश अध्यक्ष नरेश उत्तम पटेल के नाम पs दुबारा मुहर लगले के प्रबल संभावना बा। उहवें दूसर पार्टियन से आइल कुछ नेता लोग के नाम भी प्रदेश अध्यक्ष के दावेदार के रूप में लिहल जा रहल बा। हालांकि अंतिम मुहर बुध के दुपहर ही लागी। उहवें राष्ट्रीय अध्यक्ष के रूप में अखिलेश यादव के नाम पर मुहर लागल तय बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]