[the_ad_group id="30365"]

पटरी से उतरल मालगाड़ी के डिब्बा, रेलगाड़ियन के आवाजाही पर पड़ल असर, यात्री भइलें परेशान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के झांसी में रेलवे ट्रैक पर मालगाड़ी के पांच डिब्बा पटरी से उतर गइल। मंगर के बिहाने डिब्बा के उतरले के बाद एह रेल लाइन के सेवा पर असर पड़ल बा। घटना के जानकारी मिलतही मौका पर रेलवे के अधिकारी अउर कर्मचारी पहुंच गइलें। अधिकारी लोग बतावल कि ऊ रेल यातायात के जल्द से जल्द सुचारू रूप से बहाल कइले पर जोर दे रहल बानें।
झांसी में ई घटना मंगर के बिहाने 5:42 बजे भइल। एगो मालगाड़ी के 4 डिब्बा पटरी से उतर गइल। एहसे कई सवारी गाड़ियन के आवागमन प्रभावित हो गइल। डिब्बा के वापस पटरी पर लवले के काम कइल जा रहल बा। अभीन रेल यातायात प्रभावित बनल बा। स्टेशन पर यात्रियन के भीड़ जमा बा। रेल प्रशासन द्वारा डिब्बा के वापस पटरी पर लवले के काम तेजी से कइल जा रहल बा। रेल अधिकारी मौका पर मौजूद गइल बाने।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]