Kushinagar News: कुशीनगर में ट्रायल के दौरान आटा चक्की में विस्फोट, मासूम के मौत, पांच घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 7, 2022

Gorakhpur News: कुशीनगर में अतवार के रात ट्रैक्टर ट्राली प स्थापित मोबाइल आटा चक्की में विस्फोट हो गइला से एगो छव बरिस के मासूम के मौत हो गइल, ओहिजा पांच आउर लोग घायल हो गइल।

Share

Gorakhpur News: कुशीनगर में अतवार के रात ट्रैक्टर ट्राली प स्थापित मोबाइल आटा चक्की में विस्फोट हो गइला से एगो छव बरिस के मासूम के मौत हो गइल, ओहिजा पांच आउर लोग घायल हो गइल। घायलन में एगो के हालत नाजुक बतावल जा रहल बा, चार लोग आपन प्राथमिक उपचार कइला के बाद घरे वापस चल गइल लो। पुलिस ममिला के तफ्तीश में जुटल बिया। ई पूरा मामला कुशीनगर जिला के पडरौना कोतवाली के मनिकौरा गांव के ह।

कुशीनगर जिला के पडरौना कोतवाली क्षेत्र के ग्राम मनिकौर गांव निवासी मनी सनीचर के मोबाइल आटा चक्की किन के ले आइल रहे। अतवार के रात ऊ गांव के बाहर सड़क किनारे ओकर ट्रायल करत रहे, तबे तेज आवाज के संगे आटा चक्की फाट गइल, जवना के चपेट में उहां खड़ा लोग आ गइल।

एमे एगो छव बरिस के मासूम टुनटुन पुत्र तूफानियो रहे, जवना के आनन फानन में जिला अस्पताल ले आवल गइल, जहां डॉक्टर लोग ओकरा के मृत घोषित क दिहल। आटा चक्की फटला से उहां पांच गो आउर लोग घायल हो गइल, जेमे एगो के हालत नाजुक बा। बाकी चार लोग आपन प्राथमिक उपचार कइला के बाद घरे चले गइल।

जिला अस्पताल के सीएमएस डॉ. एस वर्मा के अनुसार देर रात में जिला अस्पताल में एगो घायल लईका के लेके कुछ लोग आइल रहे, जवना के पहिलही मौत हो चुकल रहे। ऊ बतवले कि ओकर आगे के औपचारिकता पूरा कइल जा रहल बा। बाकिर, मृत लईका के परिवार वाला ओकरा के जबरदस्ती लेके चल गइल लो, जवना के सूचना पुलिस आ उच्च अधिकारियन के दे दिहल गइल बा।

साभार: प्रभात खबर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.