[the_ad_group id="30365"]

बाइक दुर्घटना में जुवक घायल, सदर अस्पताल रेफर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रितम सिंह, मशरक सारण : मशरक थाना क्षेत्र के बलि विशुनपुरा गांव के जुवक बाइस कट्ठा गांव में सड़क दुर्घटना में गंभीर रूप से घायल हो गइल। घायल अवस्था में राहगीर लोगन द्वारा उठा के सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र मशरक में भर्ती करावल गइल। जहां इलाज के दौरान घायल के पहचान बलि विशुनपुरा गांव निवासी सुनील सिंह के 22 बरिस के लईका सोनू कुमार के रूप में भइल। ड्यूटी प तैनात चिकित्सक घायल के प्राथमिक उपचार क के बेहतर इलाज खातिर सदर अस्पताल छपरा रेफर क दिहलें।

घटना में घायल जुवक

घटना के बारे में परिजन लोग बतावल कि बाइक मे तेल लेवे बाइस कट्ठा गांव अवस्थित पेट्रोल पंप प गइल रहे ओहिजा से घरे वापस अइला के दौरान मलमलिया से आ रहल अनियंत्रित बाइक सवार जोरदार टक्कर मार के फरार हो गइल। जहा बाइक सवार जुवक सड़क प गिर गंभीर रूप से घायल हो गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]