[the_ad_group id="30365"]

देवरिया नगरपालिका सीमा विस्तार के अधिसूचना भइल जारी, 23 गांव हो जाई शहर के हिस्सा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नगर पालिका सीमा विस्तार में शामिल होखे वाले 23 गांवन के मंगर के शासन अधिसूचना जारी कs देहल गइल बा। संबंधित पत्र जिलाधिकारी के मिल गइल बा। अब जिला प्रशासन एह गांवन के गाटा संख्या के गजट करी। एके ले के संबंधित गांव के लोग में खुशी के माहौल बा।

पिछले सप्ताह कैबिनेट देवरिया नगरपालिका के सीमा विस्तार के मंजूरी देहले रहे। एहमें पास के 23 गांव के नगरपालिका के हिस्सा बना दिहल गइल बा। सीमा विस्तार होखे में कुल 19316 गाटा संख्या शामिल कइल गइल बा, जबकि एह गाँवन के क्षेत्रफल 5246.917 हेक्टयर बा। एहमें बंजर भूमि, खलिहान, पोखरी, पार्क, आबादी अउरी चक मार्ग, नवोदय विद्यालय, पालीटेक्निक, आईटीआई भी शामिल बा।

प्रमुख सचिव अमृत अभिजात अधिसूचना में बतवलन कि 16 दिसंबर 2020 आपत्ति अउरी सुझाव मांगे गइल रहे। जेकर निराकरण भी कs दिहल गइल बा। अधिसूचना निर्गत होखे से अब ई गांव नगरपालिका क्षेत्र में आधिकारिक रूप से शामिल हो गइल बानें।

सीमा विस्तार में ई गाटा संख्या के गांव भइलें शामिल

तिलई बेलवा गाटा 398, परसिया उर्फ खरजरवा 174, डंभर उर्फ जटमलपुर 185, पगरा उर्फ परसियां 360, बरवा गोरस्थान 183, बड़हरा 571, चिंतामन चक 150, पिपरपाती 174, गोबराई खास 455, मेहड़ा नगर बाहर 1421, धनौती खुर्द 179, मुड़ाडीह 653, सकरापार 1323, देवरिया खास, बभनी 256 , रामपुर खुर्द 248, भीमपुर 649, पिड़रा 281, रघवापुर 649, कतरारी 688, दानोपुर 474, सोंदा 485, कठिनइया 360 , रामनाथ, कतरारी बाहर, देवरिया खास अंदर, भरौली बाजार, बांस देवरिया, चकियानगर, गरूलपार, पिड़र नगर अंदर के गाटा के शामिल कइल गइल बा।

अधिसूचना निर्गत करे खातिर शासन से पत्र आ गइल बा। अब आगे के प्रक्रिया शुरू कइल जाई। नयका गाटा संख्या शामिल होखला से नगरपालिका के क्षेत्रफल बढ़ जाई।
गौरव श्रीवास्तव, एडीएम प्रशासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]