[the_ad_group id="30365"]

सेवानिवृत्ति से 8 साल पहिलहीं आईएएस जी श्रीनिवासुलु दे देहलें इस्तीफा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रदेश में एगो अउर आईएएस अधिकारी जी. श्रीनिवासुलु आपन इस्तीफा नियुक्ति विभाग के भेज दिहले बानें। 2005 बैच के आईएएस श्रीनिवासुलु इहां विशेष सचिव के पद पर तैनात रहलें। हाले में उनके वित्त विभाग से राजस्व विभाग में भेजल गइल बा।
एह साल स्वैच्छिक सेवानिवृत्ति (वीआरएस) मांगे आ इस्तीफा देवे वाला ऊ पांचवां आईएएस अधिकारी हवें। उहवें, केंद्र से एनओसी अइतही आईएएस जूथिका पाटणकर अउर रेणुका कुमार के स्वैच्छिक सेवानिवृत्ति दे देहल जाई। प्रदेश के सब संबंधित विभागन से ए दूनों के मामला में एनओसी मिल चुकल बा।

जी. श्रीनिवासुलु के कार्यकाल जुलाई 2030 ले बचल बा। अपने इस्तीफा के कारण उ स्वास्थ्य संबंधी दिक्कत बतवले बानें। कुछ ही दिन पहिले 2008 बैच के आईएएस अउरी पूर्वांचल विद्युत वितरण निगम के प्रबंध निदेशक विद्या भूषण वीआरएस खातिर आवेदन कइले रहनें, लेकिन न्यू पेंशन स्कीम में वीआरएस के प्रावधान नाइ बा, एहलिए सरकारी सेवा से अलग होखे खातिर उ इस्तीफा भेज देहले बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]