[the_ad_group id="30365"]

रात में बस रुकवा के हाइवे पर पढ़ल नमाज, बवाल के बाद यूपी पुलिस लिहलस ई एक्शन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के शाहजहांपुर में हाइवे पर नमाज पढ़ले के मामला सामने आइल बा। जानकारी के मुताबिक ई घटना रात के ह। नमाज पढ़े वाले बस रुकवा के हाइवे पर नमाज पढ़लें, नमाज पढ़े वाले दूसर यात्रियन के सुरक्षा के भी ख्याल नाइ कइलें। एह घटना के सोझे अइतही हिंदू संगठन बवाल क देहल। जेकरे बाद पुलिस भी कार्रवाई कइलस। बता देईं कि योगी सरकार में सड़क पर नमाज पढ़े चाहे पूजापाठ जइसन दूसर कौनो धार्मिक आयोजन पs रोक बा।

जानकारी के मुताबिक हाइवे पर बस रुकवा के नमाज पढ़े वाले सब लोग पश्चिम बंगाल के परगना 24 जिला के रहे वाले हवें। ई लोग बस के जरिए बंगाल से राजस्थान के अजमेर शरीफ जात रहलें। हाइवे पर नमाज पढ़े के जानकारी होखला पर पुलिस सबके चालान काट के वापस भेज दिहलस। पुलिस के कहनाम बा कि पश्चिम बंगाल से राजस्थान जा रहल बस में सवार कुछ लोग शाहजहांपुर में सड़क पs नमाज पढत रहे। एह सब के चालान काट के वापस भेज दिहल गइल बा।

पुलिस कटलस बस के भी चालान

मौका पर पहुंचल पुलिस अधिकारी लोग नमाज पढ़े वाले 17 लोग के चालान काटल। उहवें नमाज पढ़ रहल लोग के कहनाम बा कि उनके उत्तर प्रदेश के नियम मालूम नाइ रहल, एहलिए उनसे अइसन गलती भइल। उ लोग रात में सूनसान जगह पर बस रुकवा के नमाज पढ़ल, एहलिए ओ लोग पर बस में सवार अन्य यात्रियन के सुरक्षा से खिलवाड़ कइले के मुकदमा दर्ज कइल गइल। एकरे अलावा बस के भी चालान काटल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]