[the_ad_group id="30365"]

देवरिया: पूर्व एमएलसी, वरिष्ठ अधिवक्ता रामसुंदर दास भइलें पंचतत्व में विलीन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

समाजवादी पार्टी के वरिष्ठ नेता, पूर्व विधान परिषद सदस्य अउर फौजदारी के वरिष्ठ अधिवक्ता राम सुंदर दास के बुध के निधन हो गइल। उनकर पार्थिव शरीर अंतिम दर्शन खातिर कचहरी रोड स्थित पार्टी कार्यालय पs अंतिम दर्शन खातिर रखल गइल। जहवाँ उनके पार्थिव शरीर के समाजवादी झंडा में लपेट के फूल माला से सजल रथ पर रख के पैतृक गांव रोपन छपरा लार खातिर रवाना भइल।

ज्येष्ठ पुत्र अधिवक्ता अरविंद साहनी खेमादेई स्थित सरयू तट पर अपने पिता के पार्थिव शरीर के मुखाग्नि दिहनें। जिला प्रशासन गार्ड ऑफ आनर दिहल अउर प्रशासन के तरफ से एसडीएम सौरभ सिंह पुष्प अर्पित कs के श्रद्धांजलि दिहल गइल बा।

एह मौका पर पूर्व जिलाध्यक्ष बाबूलाल यादव, हृदय नारायण जायसवाल, अशोक यादव, एनपी यादव, मुराद अली बेग, राजवंशी राजभर, नसीम लारी आदि लोग समाजवादी झंडा ओढ़ा के पुष्प चढ़ाकर श्रद्धांजलि अर्पित कइलें। शव यात्रा में उनके ज्येष्ठ पुत्र अरविंद साहनी, जितेंद्र साहनी, हरेंद्र साहनी अउर वीरेंद्र साहनी चलत रहनें।

अंत्येष्टि के समय पूर्व सांसद रमाशंकर विद्यार्थी, पूर्व विधायक सुरेश यादव, राम अवध यादव, पूर्व मंत्री रामभुआल निषाद, पूर्व जिला पंचायत अध्यक्ष रामप्रवेश यादव, पूर्व जिलाध्यक्ष गोरखपुर रामनगीन साहनी, उमेश नारायण शाही, रामसेवक यादव, सूरज यादव, अधिवक्ता सिंहासन गिरी आदि लोग मौजूद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]