Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Rampur Byelection: अखिलेश बोललें- दुनो डिप्टी सीएम बनल चाहत बा लो मुख्यमंत्री, हम कहनी- 100 MLA ले आवs आ CM बन जा

अखिलेश यादव रामपुर विधानसभा सीट पs होखे वाला उपचुनाव के लेके सपा प्रत्याशी के समर्थन में बियफे के एगो चुनावी सभा के संबोधित करत रहलें। ऊ कहलें कि जब हम सीएम रहनी तs ओह बेरा अभी के सीएम के एगो फाइल हमरा लगे आइल रहे, जेमे उनका खिलाफ मुकदमा के सिफारिश कइल गइल रहे। हम ऊ फाइल लवटा देले रहनी। 

446

समाजवादी पार्टी (सपा) के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव कहलें बाड़ें कि प्रदेश के ई जवन दुनो डिप्टी सीएम बा लो ऊ सीएम बनल चाहत बा लो। हम तs ओह लो के खुला ऑफर देले बानी कि 100 विधायक ले आवs, हम समर्थन देम। सीएम तुs बन जइह। हम बाहर से समर्थन देम।

ऊ कहलें कि एगो डिप्टी सीएम के इस्थिति ई बा कि ऊ कवनो डॉक्टर के तबादलो नइखन कर सकत। दूसरका डिप्टी सीएम साहब के विभाग बदल दिहल गइल बा। उनका के अइसन विभाग दे दिहल गइल बा, जेमे बजट हइये नइखे।

अखिलेश यादव रामपुर विधानसभा सीट पs होखे वाला उपचुनाव के लेके सपा प्रत्याशी के समर्थन में बियफे के एगो चुनावी सभा के संबोधित करत रहस। ऊ कहलें कि जब हम सीएम रहनी तs ओह घरी अभी के सीएम के एगो फाइल हमरा लगे आइल रहे, जेमे उनका खिलाफ मुकदमा के सिफारिश कइल गइल रहे। हम ऊ फाइल लवटा देले रहनी। जदि केहू के विश्वास नइखे तs पूछ लियाव ओह घरी के अधिकारियन से। अखिलेश यादव कहलें कि हमनी समाजवादी लोग बदला के भावना से काम ना करेनी सs।

ऊ कहलें कि रामपुर के उपचुनाव एगो टेस्ट हs। जदि एह टेस्ट में हमनी के पास हो गइनी सs तs हम दावा के संगे कह सकत बानी कि 2027 में प्रदेश में हमनी के सरकार हई। ई सरकार के हिलावे वाला चुनाव बा। अखिलेश कहलें कि ई लोग वोट के ताकत से सरकार में आइल बा लो। हमनी के एह लोग के वोट के ताकत से बाहर करे के बा

ऊ कहलें कि ई पहिला चुनाव ना हs। एकरा पहिले भइल चुनावन में हमनी के देखले बानी सs कि कइसे जीतल लोगन के हरा दिहल गइल। 2022 के विधानसभा चुनाव में हमनी के सरकार में आवत रहनी सs, बाकिर हमनी के कइसे हरावल गइल, एसे रउआ लोग वाकिफ बानी। ऊ कहलें कि जब रउआ लोग एकजुट हो जाएम तs सरकार के झुकहीं के पड़ी। हमनी के किसान भाई जब एकजुट होके तीन कृषि कानून के खिलाफ खड़ा हो गइल लो तs प्रधानमंत्री के माफी मांगे के पड़ल आ कानून वापस लेवे के पड़ल। ऊ कहलें अभी पुलिस डरा रहल बिया। एह लो से डेराई मत, अपना वोट के इस्तेमाल करी। हमनियो के अच्छा दिन आई।

साभार: अमर उजाला

397670cookie-checkRampur Byelection: अखिलेश बोललें- दुनो डिप्टी सीएम बनल चाहत बा लो मुख्यमंत्री, हम कहनी- 100 MLA ले आवs आ CM बन जा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.