[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर नगर निकाय चुनाव में आरक्षण सूची जारी: नगर निगम के 80 वार्डन में 46 सीट रिजर्व, 26 सीट खाली महिला खातिर आरक्षित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर नगर निकाय चुनाव के लेके शासन ने सुक के सांझ 80 वार्डन के सीटन पs आरक्षण लिस्ट जारी कs देलस। हालांकि, एकरा पहिले बियफे के सांझ 48 जिलन के आरक्षण सूची जारी भइल रहे, बाकिर ओमे गोरखपुर जिला के नाम सामिल ना रहे। सुक के शासन द्वारा आरक्षण के पत्र जारी होखते प्रत्याशियन के चेहरन पs कहीं खुशी लउकल, तs कहीं प्रत्याशी गम में डूब गइल लो।

पहिले रहे खाली 70 वार्ड

दरअसल, गोरखपुर में अबकी बेर 80 वार्डन आ जिलन के 11 नगर पंचायतन में चुनाव होखे वाला बा। जबकि, एकरा पहिले इहां खाली 70 वार्ड रहे। बीतल 5 साल के दौरान गोरखपुर में 10 नया वार्ड जुड़ गइल बा। अइसन में महानगर के वार्डन में बड़ बदलाव भइल बा।

अबकी बेर 80 सीटन में 46 सीट रिजर्व रही। जेमे 26 सीट खाली महिला लोगन खातिर रिजर्व बा। हालांकि, एमे सामान्य महिला सीट के संगे महिला पिछड़ा वर्ग आ महिला अनुसूचित जाति के सीट सामिल बा। जबकि, 34 पs केहूओ चुनाव लड़ सकी।

पूरा सूची

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]