[the_ad_group id="30365"]

देवरिया: कुंडा से लटकल मिलल विवाहिता के लाश, मायका वाले लगवलें हत्या के आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया जिला के सलेमपुर कोतवाली थाना क्षेत्र के एगो गांव में अतवार के सुबह छत के कुंडा से एगो नये बियाहल महिला के शव लटकल मिलल। सूचना पर पहुंचल पुलिस लाश के कब्जा में ले के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहलें। उहवें, महिला के बहिन पुलिस के तहरीर दे के प्रताड़ना क के हत्या के आरोप लगवले बाड़ी।
कोतवाली थाना क्षेत्र के बरसीपार खटिक टोला गांव निवासी केशव गोंड़ के 22 वर्षीय पत्नी ज्योति गोंड़ के अतवार के बिहाने छत के कुंडा से लटकल लाश मिलल। एकर जानकारी केहू के कोतवाली पुलिस दिहलस सूचना पर पहुंचल पुलिस मामिला के जांच क के शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहलें।
साल 2018 में ज्योति के शादी भइल रहे। ज्योति के दू साल के बेटी दीपा बाड़ी। ओंने, ज्योति के मायका वालन के जानकारी भइल त ऊ कोतवाली पहुंचलें। जहां ज्योति के बहिन संगीता देवी कोतवाली में तहरीर देहले बाड़ी।। एमें ऊ आरोप लगवले बाड़ी कि अतवार के सुबह दहेज खातिर हमरे बहिन ज्योति के जान से मार दिहल गइल।
कोतवाल जितेंद्र सिंह कहनें कि अभीन तहरीर मिलल बा। एकर जांच कइल जा रहल बा। पोस्टमार्टम रिपोर्ट अइले के बाद तथ्य सोझे आई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]