Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

देवरिया: कुंडा से लटकल मिलल विवाहिता के लाश, मायका वाले लगवलें हत्या के आरोप

142
देवरिया जिला के सलेमपुर कोतवाली थाना क्षेत्र के एगो गांव में अतवार के सुबह छत के कुंडा से एगो नये बियाहल महिला के शव लटकल मिलल। सूचना पर पहुंचल पुलिस लाश के कब्जा में ले के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहलें। उहवें, महिला के बहिन पुलिस के तहरीर दे के प्रताड़ना क के हत्या के आरोप लगवले बाड़ी।
कोतवाली थाना क्षेत्र के बरसीपार खटिक टोला गांव निवासी केशव गोंड़ के 22 वर्षीय पत्नी ज्योति गोंड़ के अतवार के बिहाने छत के कुंडा से लटकल लाश मिलल। एकर जानकारी केहू के कोतवाली पुलिस दिहलस सूचना पर पहुंचल पुलिस मामिला के जांच क के शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहलें।
साल 2018 में ज्योति के शादी भइल रहे। ज्योति के दू साल के बेटी दीपा बाड़ी। ओंने, ज्योति के मायका वालन के जानकारी भइल त ऊ कोतवाली पहुंचलें। जहां ज्योति के बहिन संगीता देवी कोतवाली में तहरीर देहले बाड़ी।। एमें ऊ आरोप लगवले बाड़ी कि अतवार के सुबह दहेज खातिर हमरे बहिन ज्योति के जान से मार दिहल गइल।
कोतवाल जितेंद्र सिंह कहनें कि अभीन तहरीर मिलल बा। एकर जांच कइल जा रहल बा। पोस्टमार्टम रिपोर्ट अइले के बाद तथ्य सोझे आई।
379320cookie-checkदेवरिया: कुंडा से लटकल मिलल विवाहिता के लाश, मायका वाले लगवलें हत्या के आरोप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.