Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Kushinagar: टॉवर प लागल धार्मिक झंडा, ग्रामीण लोग विरोध में जाम कइलस सड़क, पुलिस संभरलस मोर्चा

गोबरही चौराहा में पेट्रोल पंप के लगे लागल एगो निजी कंपनी के टॉवर प रात में केहू एगो धार्मिक झंडा लगा दिहल। सबेरे ई बात जब लोगन के पता चलल त ओकरा के पाकिस्तान के झंडा बतावत सड़क जाम क दिहल लो आ सड़क प पुरान टायर जराके विरोध प्रदर्शन करे लागल लो।

315

कुशीनगर के कसाया थाना के गोबरही पेट्रोल पंप के लगे टॉवर प चांद युक्त हरियर झंडा लगा दिहल गइल। सबेरे एकरा के देखके ग्रामीण आक्रोशित हो गइल लो आ सड़क जाम क के विरोध जतावे लागल लो। ई लोग पुरान टायरो जरावल। ग्रामीण एकरा ले पाकिस्तानी झंडा बतावत रहे लो। सूचना मिलला प पुलिस पहुंचल आ लोग के समझाके ममिला शांत करवलस। एसपी बतवलें कि ई एगो धार्मिक झंडा ह।

गोबरही चौराहा में पेट्रोल पंप के लगे लागल एगो निजी कंपनी के टॉवर प रात में केहू एगो धार्मिक झंडा लगा दिहल। सबेरे ई बात जब लोगन के पता चलल त ओकरा के पाकिस्तान के झंडा बतावत सड़क जाम क दिहल लो आ सड़क प पुरान टायर जराके विरोध प्रदर्शन करे लागल लो। मवका प कसया थाना के एसएचओ आशुतोष तिवारी पुलिसफोर्स के संगे पहुंचके ममिला के जानकारी लेलें।

एसपी धवल जायसवाल बतवलें कि ई झंडा पाकिस्तान के ना ह। एगो धार्मिक झंडा लगावल गइल बा जवना के नियमानुसार उतरवावल गइल। सब पक्षन के धेयान में राखत विधिक कार्रवाई कइल जाई। अफवाह फइलावे वाला लोगन प कड़ा कार्रवाई कइल जाई।

साभार: अमर उजाला

378810cookie-checkKushinagar: टॉवर प लागल धार्मिक झंडा, ग्रामीण लोग विरोध में जाम कइलस सड़क, पुलिस संभरलस मोर्चा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.