Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली शराब घोटाला: आम आदमी पार्टी के नेता विजय नायर अउर कारोबारी अभिषेक बोइनपल्ली के ED कइलें गिरफ्तार

121
शराब नीति मामिला में आम आदमी पार्टी के आफत कम होखले के नाम नाइ ले रहल बा। मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक दिल्ली शराब नीति केस में आप नेता विजय नायर अउर व्यवसायी अभिषेक बोइनपल्ली के ईडी गिरफ्तार कs लिहले बानें। आम आदमी पार्टी के नेता विजय नायर अउर कारोबारी अभिषेक बोइनपल्ली के दिल्ली शराब नीति में मनी लांड्रिंग के तहत गिरफ्तार कइल गइल बा।

 

जानकारी खातिर बता देईं कि इनसे पहिले दूनों के सीबीआई भी गिरफ्तार कइले रहे। जेकरे बाद से दूनों न्यायिक हिरासत में रहल। दिल्ली शराब नीति के मामिला में आम आदमी पार्टी के नेता विजय नायर के जमानत पर सुनवाई होखे के रहल। लेकिन एसे पहिलहू उनके ईडी गिरफ्तार कs लिहलस।

379440cookie-checkदिल्ली शराब घोटाला: आम आदमी पार्टी के नेता विजय नायर अउर कारोबारी अभिषेक बोइनपल्ली के ED कइलें गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.