[the_ad_group id="30365"]

डेंगू पुलिस के भी नाइ छोड़लस, 29 पुलिस कर्मी भइलें पीड़ित, पुलिस कमिश्नर लिखलें चिट्ठी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वाराणसी में डेंगू के मामला दिन-ब-दिन बढ़ते जा रहल बा। डेंगू के बढ़त प्रभाव अउर पुलिस महकमे में अब ले मिलल 29 डेंगू केस के देखत पुलिस आयुक्त नगर आयुक्त के चिट्ठी लिखले बानें।
उहवें, सब थानेदार अउर आरआई के साफ सफाई के निर्देश दिहलें पुलिस आयुक्त ए सतीश गणेश वीडियो कांफ्रेंसिंग के जरिए सबके डेंगू से बचाव के उपाय पर समझवलें। श्रमदान कके अपने परिसर के साफ सफाई अउर स्वच्छता पर जोर दिहलें। छत पर बर्तन, कूलर आदि में जल जमाव न होखे देहल जाव। अतिरिक्त साफ सफाई के निर्देश दिहलें। उहवें पुलिस लाइन में नगर निगम के टीम एंटी लार्वा के छिड़काव कइलें।
बता देईं कि सोमार के पांच, मंगर के आठ के बाद बुध के भी आठ मरीजन में संक्रमण के पुष्टि भइल। एहमें कुछ लोग घर पर इलाज करा रहल बानें त कुछ अस्पताल में भर्ती बानें। बीएलडब्ल्यू में रहे वाली नौ साल के बच्ची भी संक्रमित बा। एकरे अलावा संक्रमित लोग में 16 साल के एगो किशोर भी बा। तेजी से संख्या बढ़ले के असर बा कि कुल मरीजन के संख्या 112 पहुंच गइल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]