[the_ad_group id="30365"]

जमशेदपुर में KCC Eye Hospital के लापरवाही छिनलस 8 लोगन के आंख, 11 माह बाद खुलासा, जानीं पूरा मामला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जमशेदपुर : जमशेदपुर स्थित केसीसी आइ अस्पताल के लापरवाही के वजह से 3 लोगन के आंखिन के रोशनी चल गइल। असल में ममिला जिला से 45 किलोमीटर दूर घाटशिला अनुमंडल क्षेत्र के कीताडीह गांव के ह। 11 महीना पहिले मुफ्त में आंख के इलाज के नाम प गांव के 8 बुजुर्गन के आंखिन  के इलाज कइल गइल। हालांकि एह ममिला में साकची पुलिस कालीमाटी रोड स्थित केसीसी आइ अस्पताल के संचालक सहित आउर लोगन के खिलाफ एफआइआर दर्ज कइल गइल बा लो।

जानकारी के मोताबिक, केसीसी आइ अस्पताल के प्रधानमंत्री जन आरोग्य योजना के तहत लाभ मिलल बा। एकरा बदला में ओकरा गांवों से लोगन के ले आके मोतियाबिंद के इलाज करावे के होला। एजेंट आ सहायिका के माध्यम से ई अस्पताल लोगन के लेआके इलाज करेला आ फेर ओह लो के वापस भेज देला।  पूरा ममिला में एगो सिंडिकेट के काम कइला के आशंका बा।

केसीसी अस्पताल संचालक प एफआइआर दर्ज

कीताडीह क्षेत्र के आंगनबाड़ी सहायिका सोमवारी मुर्मू एगो महिला के साथ में लेके गांव आइल रहली। ऊ महिला ग्रामीण लोगन के बतवली कि जवना लोगन के आंखिन में परेसानी बा। ऊ मुफ्त में इलाज करा सकत बाड़े। उक्त महिला के कहला प गंगाधर सिंह (65), छिता हांसदा (महिला), टेटे गिरी, डेबा मुर्मू, माजोल, भानु, माझी मुर्मू आ पात्रो मुर्मू इलाज करावे के तइयार हो गइल बा। सब के 18 नवंबर 2021 के जमशेदपुर ले आवल गइल बा।

इहां केसीसी आइ अस्पताल में इलाज कइल गइल बा। दूसरका दिने गांव छोड़ दिहल गइल बा। इलाज के बाद ओह लो के आंखिन में परेसानी होखे लागल। गंगाधर सिंह बतवले कि ओह लो के संगे परिजनन के जाये दिहल गइल। पहिले रांची, फेर कोलकाता ले जाके इलाज करावल गइल। ओकरा बाद घर छोड़ दिहल गइल, बाकिर आंख के रोशनी ना लउटल। फेर आंखिन में खुजली भइल। जब गंगाधर सिंह आंख के खुजवली, त आंख में लागल कांचनुमा बॉल गिर गइल। एकरा बाद खुलासा भइल कि उनका साथे गलत भइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]