[the_ad_group id="30365"]

डेंगू के डंक: पटना में दु गो डॉक्टर समेत 451 मिलल डेंगू के नया मरीज, 3689 तक पहुंचल संक्रमितन के आंकड़ा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। बिहार के राजधानी पटना में डेंगू के कहर जारी बा। पटना में डेंगू के रिकॉर्ड तोड़ केस सोझा आ रहल बा। बुध के जिला में डेंगू के 451 नया मरीज मिलल। एमे पीएमसीएच में 121, आइजीआइएमएस में 37 आ एनएमसीएच में 47  आउर पीएचसी आ निजी अस्पतालन में 246 नया डेंगू पॉजिटिव पावल गइल बा। एमे दु गो डॉक्टर आ 12 स्वास्थ्य कर्मियों शामिल बा लो। एकरा अलावे 2 से 13 साल तक के आठ गो लईको डेंगू पॉजिटिव पावल गइल बा। एकरा संगही जिला में डेंगू मरीजन के आंकड़ा 3689 तक पहुंच गइल बा। पिछला एक हफ्ता में लगभग डेढ़ हजार डेंगू मरीज मिल चुकल बा। शहर के सब इलाकन में डेंगू से मरीज मिल रहल बा। तीनो मेडिकल कॉलेजन अस्पतालन में 116 मरीज डेंगू वार्ड में भर्ती बा।

रेलवे अस्पताल में डेंगू से बचाव के बारे में दिहल गइल जानकारी

करबिगहिया स्थित रेलवे के सेंट्रल सुपर स्पेशियलिटी हॉस्पिटल में डेंगू फीवर से संबंधित जागरूकता कार्यक्रम के आयोजन भइल। एमे डॉक्टरन द्वारा डेंगू से बचाव आ इलाज के बारे में जानकारी दिहल गइल। अपर मुख्य स्वास्थ्य निदेशक/फिजिसियन, सीएसएसएच डाॅ संजय कुमार गुप्ता डेंगू फीवर से बचाव आ इलाज के बारे में बतावल गइल।

निगेटिव रिपोर्ट बाकिर तेजी से कम हो रहल बा प्लेटलेट्स 

पटना में डेंगू के 15% मरीज अइसन पावल गइल बा, जेकर रिपोर्ट त निगेटिव आ रहल बा, बाकिर प्लेटलेट्स कम हो रहल बा। लक्षणो डेंगूये के पावल जा रहल बा। अइसन में डॉक्टर्स द्वारा लक्षण के आधार प इलाज कर रहल बा लो। डॉक्टर लोग बतावल कि पहिले से बीमार चल रहे खास क के नॉन रिएक्टिव सिंड्रोम के मरीजन के रिपोर्ट निगेटिव आ रहल बा। सिविल सर्जन डॉ केके राय बतवले कि कुछ अइसनो मरीज मिलल बा लो, जेकर प्लेटलेट्स 30 हजार तक कम भइल, बाकिर रिपोर्ट निगेटिव आइल। लिहाजा एक बेर रिपोर्ट निगेटिव अइला के बाद दूसरा भा तीसरा दिन दोबारा जांच करावे के चाहीं।

डेंगू मरीजन के लिस्ट के अनुसार हो रहल बा फॉगिंग

नगर निगम के ओर से डेंगू मरीजन के लिस्ट के मोताबिक विशेष फॉगिंग करावल जा रहल बा। एकरा बाद मुख्यालय स्तर प रोज फोन से मरीजन से फॉगिंग होखला के बारे में फीडबैक लिहल जा रहल बा। फॉगिंग आ एंटी लार्वा स्प्रे खातिर 513 वैनन से रोजाना दवा के छिड़काव हो रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]