[the_ad_group id="30365"]

आम आदमी पार्टी के मान्यता रद्द करे के उठल मांग, 56 सेवानिवृत्त नौकरशाह लोग चुनाव आयोग के लिखलें चिट्ठी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के सीएम अउरी आम आदमी पार्टी के संयोजक अरिवंद केजरीवाल के बयान के पूर्व सेवानिवृत्त नौकरशाह गैर-संवैधानिक बतवले बानें। 56 पूर्व सिविल सेवक भारत के चुनाव आयोग (ईसीआई) के चिट्ठी लिख के आम आदमी पार्टी के मान्यता वापस लेहले के निहोरा कइले बानें। अरविंद केजरीवाल के टिप्पणी “असंतुलित अउर विवादास्पद” के ओर इशारा करत उ कहलें कि उ सरकारी अधिकारियन के अलावा ड्राइवर, कंडक्टर जइसन लोक सेवकन से पूछले के उनकर अपील असंतुलित अउरी विवादास्पद है।

ई दिहलें रहलें हवाला

भारत निर्वाचन आयोग के भेजल गइल चिट्ठी में राजकोट में दिल्ली के सीएम के एगो प्रेस कांफ्रेंस के हवाला दिहल गइल बा। आरोप बा कि अरविंद केजरीवाल एह पत्रकार सम्मेलन में सिविल सर्वेंट्स के आम आदमी पार्टी के पक्ष में काम कइले के सख्त चेतावनी देहले रहनें अउरी कहले रहनें कि अगर ऊ अइसन नाइ करेने, त कुछ महीना बाद गुजरात के सत्ता में अइले के बाद अइसन अधिकारियन पर कार्रवाई कइल जाई जे उनकर बात नाइ मानी। अधिकारी लोग एके वर्तमान अधिकारियन के दबाव में लवले के संवैधानिक कोशिश बतवलें बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]