[the_ad_group id="30365"]

राज्यपाल रमेश बैस से मिललें सीएम हेमंत सोरेन, मंगलें चुनाव आयोग के सिफारिश के कॉपी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड में जारी सियासी घमासान के बीच मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन  राज्यपाल रमेश बैस से मुलाकात कइले बानें। सीएम सोरेन राज्यपाल से चुनाव आयोग के सिफारिश के एगो कॉपी उनहू के उपलब्ध करावे के बात कहलें बानें

 

सीएम हेमंत सोरेन ट्वीट कs के कहलें

सीएम हेमंत सोरेन ट्वीट कs के कहलें कि आजु राजभवन में माननीय राजपाल श्री रमेश बैस जी से मुलाकात कs के राज्य में विगत तीन सप्ताह से अधिका समय से पैदा भइल न सोचे आला अउरी दुर्भाग्यपूर्ण परिस्थिति के अनिश्चितता दूर करे खातिर पत्र सौंपलीं जेसे एह भ्रम के स्थिति में भाजपा के ओर से कइल जा रहल अनैतिक प्रयास से ओके रोकल जा सके।

अनिश्चितता के माहौल पैदा कs रहल बिया भाजपा

सीएम सोरेन पत्र लिख केनदावा कइलें कि विपक्षी भारतीय जनता पार्टी अनिश्चितता के माहौल बना के लोकतांत्रिक तरीका से चुनल गइल सरकार के अस्थिर करे खातिर विधायकन के अपने पाला में करे के कोशिश कs रहल बा। राज्यपाल के लिखल पत्र में सोरेन एगो पत्र में कहलें कि हमनी के चुनाव आयोग के फैसला के एक प्रति देहल जाव अउरी जल्दी से जल्दी उचित सुनवाई के अवसर मिले, ताकि स्वस्थ लोकतंत्र खातिर खतरनाक अनिश्चितता के माहौल के जल्दी से जल्दी दूर कइल जा सके।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]