[the_ad_group id="30365"]

‘भारत जोड़ो यात्रा’ खातिर फंड न देहले पर कांग्रेसी कार्यकर्ता कइलें दुकानदार के संगे बदसलूकी, सब्जी फेंकलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस के ‘भारत जोड़ो यात्रा ‘ खातिर फंड न देहले पs दुकानदार के संगे कथित तौर पर धमकी देहले के मामला सोझे आइल बा। न्यूज एजेंसी एएनआई के मुताबिक, केरल के कोल्लम में यात्रा खातिर 2000 रुपया देहले पर कांग्रेस कार्यकर्ता लोग सब्जी विक्रेता के साथ बदसलूकी कइलें। सब्जी के दुकान चलाए वाले एस फवाज बतवलें कि कांग्रेस कार्यकर्ता लोग के एगो दल उनके दुकान पर पहुंचल रहे। उनसे यात्रा’ खातिर चंदा मंगलस। ऊ कहलें कि, 500 रुपया त देहलें बानीं लेकिन ऊ 2000 रुपया के मांग कइल। जेकरे बाद तराजू के नुकसान पहुंचवलें अउरी सब्जी फेंक देहलें। कार्यकर्ता लोग दुकान में भी नुकसान पहुंचवले बा।

तीन कार्यकर्ता लोग कइल गइलें निलंबित

फंड ने देहलें पर दुकानदार के कथित तौर पर धमकी देवे के मामला तूल पकड़ला पs कांग्रेस पार्टी एक्शन में आ गइल बा। कांग्रेस प्रदेश अध्यक्ष सुधाकरन ‘भारत जोड़ो यात्रा’ खातिर 2000 रुपया ने देहले पर सब्जी दुकान विक्रेता के संगे बदसलूकी कइले के मामिला में पार्टी के तीन कार्यकर्ता लोग के निलंबित कs देहले बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]