[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली: पार्टी से लौटत घरी महिला BMW कार से युवक के रौंदलस… 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मरेवाला युवक अजय गुप्ता दिल्ली के बसई दारापुर गांव के निवासी रहले। दुर्घटना के बाद मौका पे भीड़ जमा हो गईल अवुरी लोग महिला के खिलाफ नाराबाजी कईले।

दिल्ली : राष्ट्रीय राजधानी में एक बार फेरु तेज रफ्तार से कहर देखाई देता। अतवार के सबेरे पश्चिम दिल्ली के मोती नगर इलाका में पार्टी से लवटत एगो औरत बीएमडब्ल्यू कार से एगो आदमी से टकरा गइल जवना से ओकर मौत हो गइल। महिला के गिरफ्तार क लिहल गईल बा। पुलिस के मुताबिक, मोती नगर के एगो चौराहा पे सबेरे करीब चार बजे बीएमडब्ल्यू गाड़ी से धक्का मार दिहलस। महिला गाड़ी चलावत रहली। एह भयावह दुर्घटना के सीसीटीवी फुटेज सामने आ गइल बा। फिलहाल पुलिस महिला के मेडिकल करा देले बिया अवुरी ओकर रिपोर्ट अईला के बाद ही पता चली कि उ नशा में रहली कि ना। पुलिस पूरा मामला के जांच करतिया।

नशा में धुत्त होखे के आरोप में महिला

घटना में मरेवाला युवक अजय गुप्ता दिल्ली के बसई दारापुर गांव के रहेवाला रहले। दुर्घटना के बाद मौका पे भीड़ जमा हो गईल अवुरी लोग महिला के खिलाफ नाराबाजी कईले। ए दौरान स्थानीय लोग महिला पे नशा में धुत्त होखे के आरोप भी लगवले बाड़े। जानकारी के मुताबिक रविवार के सबेरे करीब 04.08 बजे मोती नगर मेट्रो स्टेशन के नजदीक भईल सड़क दुर्घटना के संबंध में पीसीआर कॉल आईल। मौका पे पहुंचला पे मोती नगर फ्लाईओवर जाए वाला सड़क पे दु गाड़ी क्षतिग्रस्त हालत में मिलल। उहाँ ना त बीएमडब्ल्यू कार के ड्राइवर मिलल अवुरी ना स्कूटी पे सवार पीड़िता। उहाँ एगो जनरेटर भी क्षतिग्रस्त हालत में मिलल बा काहे कि ओकरा के भी गाड़ी से टकरा गईल रहे। बाद में पता चलल कि बीएमडब्ल्यू कार के एगो महिला चलावत बिया अवुरी उ आदमी के टक्कर मार देले बिया।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]