Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आदित्य सिंह राजपूत के मउत : बाथरूम में मिलल अभिनेता आदित्य सिंह राजपूत के लाश, ड्रग्स के ओवरडोज से मउत

आदित्य सिंह राजपूत के लेके चौंकावे वाला खबर बा। अभिनेता के रहस्यमय मउत हो गइल बा। आदित्य के लाश उनुका बाथरूम में मिलल। फिलहाल पुलिस ए मामला के जांच में लागल बिया। ई खबर सिनेमा जगत के हिला दिहले बा। 

314

 

आदित्य सिंह राजपूत के निधन : मनोरंजन जगत से चौंकावे वाली खबर। मशहूर अभिनेता, मॉडल आ कास्टिंग डायरेक्टर आदित्य सिंह राजपूत के निधन हो गइल बा। मुंबई के अंधेरी में आदित्य अपना घर के बाथरूम में मृत मिलल। हालांकि अभिनेता के मउत के कारण का बा इ एगो रहस्य बनल बा, आदित्य के दोस्त अवुरी बिल्डिंग के चौकीदार जल्दी-जल्दी अस्पताल पहुंचवले, लेकिन तब तक बहुत देर हो गईल रहे अवुरी डॉक्टर अभिनेता के मरल घोषित क देले। अगर मीडिया रिपोर्ट पे विश्वास करे के बा त आदित्य सिंह राजपूत के मउत ड्रग ओवरडोज के चलते हो सकता। फिलहाल पुलिस ए मामला के जांच में लागल बिया।

 त का ड्रग्स के ओवरडोज एकर कारण बन गईल?

आदित्य सिंह राजपूत के निधन के बाद सिनेमा जगत में सन्नाटा बा। केहू के विश्वास नइखे होत कि कइसे ई नवही अभिनेता आ कास्टिंग डायरेक्टर हँसत-हँसत अचानक मर गइल। दूसर ओर जदी कुछ सूत्र पे विश्वास कईल जाए त आदित्य सिंह राजपूत के मउत के कारण ड्रग्स के ओवरडोज हो सकता।

कई गो फिलिमन आ टीवी शो में नजर आ चुकल बाने

आदित्य सिंह राजपूत कई गो फिलिमन आ टीवी शो में नजर आइल बाड़न। फिल्मन के बात कइल जाव त फिल्म ‘’मैंने गांधी को नहीं मारा’ आ ‘क्रांतिवीर’ के शामिल कइल गइल बा। एकरा संगे उ रियलिटी शो ‘स्प्लिट्सविला’ में भी नजर आईल बाड़े। एकरा अलावे करीब 300 विज्ञापन भी हो चुकल बा।

 

 

551310cookie-checkआदित्य सिंह राजपूत के मउत : बाथरूम में मिलल अभिनेता आदित्य सिंह राजपूत के लाश, ड्रग्स के ओवरडोज से मउत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.