[the_ad_group id="30365"]

Delhi Weather Forecast : आजु अउरी बढ़ सकेला तापमान, कड़ा घाम आ लूह करी परेशान, यलो अलर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के नजफगढ़ इलाका में दक्षिण-पश्चिम आ उत्तर-पश्चिम दिशा से बहत गरम हवा के चलते काल्हु अधिकतम तापमान 46 डिग्री के निशान पार क गइल। दिल्ली-एनसीआर में ई क्षेत्र सबसे गरम दर्ज भइल। एकरा संगे दिल्ली में तापमान 43 डिग्री के करीब बा जवन कि ए मौसम के सबसे गरम दिन बा। सोमार के दिने तापमान अउरी बढ़े के संभावना बा। मौसम विभाग सोमार के यलो अलर्ट जारी कइले बा। संगही चेतावनी दिहलस कि दिल्ली के कुछ जगहा गरमी के लहर हावी हो सकता।

क्षेत्रीय मौसम केंद्र नई दिल्ली के मुताबिक अतवार के दिल्ली में अधिकतम तापमान 42.9 डिग्री सेल्सियस दर्ज भईल जवन कि सामान्य से तीन पायदान ऊपर बा। न्यूनतम तापमान 24 डिग्री रहल जवन सामान्य से 3 डिग्री कम बा। एकरा संगे दिल्ली के नजफगढ़ इलाका में अधिकतम तापमान 46.3 डिग्री रहल। इहाँ के न्यूनतम तापमान 26.7 डिग्री रहल। दूसर ओर एनसीआर के बात कईल जाए त गुरुग्राम में अधिकतम तापमान 43.8 डिग्री, नोएडा में 43.6 डिग्री दर्ज भईल।

विभाग के मुताबिक सोमवार के दिल्ली में तापमान 43 डिग्री तक पहुंच सकता। साथ ही आंशिक रूप से बादल छाए वाला रही। दिन के समय सतह पे हवा के गति 25-35 किमी प्रति घंटा तक पहुंचे के बहुत संभावना बा। एकरा संगे मौसम में सुधार के संगे मंगलवार से कुछ राहत मिले के उम्मेद बा। संभावना बा कि मंगल के दिने कुछ जगहा हल्का बूंदाबांदी हो सकेला जवना के चलते तापमान में कवनो खास सुधार ना होखी।

बाकिर 24 मई से 27 मई ले हल्का बरखा के संभावना बा जवना से गरमी से राहत मिले के उमेद बा। अनुमान बा कि अधिकतम तापमान 36 डिग्री तक नीचे आ सकेला। एहसे दिल्ली के जनता के भारी राहत मिल सकेला। दूसर ओर केंद्रीय प्रदूषण नियंत्रण बोर्ड के मुताबिक प्रतिकूल मौसम के चलते दिल्ली में प्रदूषण के स्तर में बढ़ोतरी दर्ज भईल। दिल्ली के प्रदूषण सूचकांक अतवार के दिने 215 दर्ज भइल जबकि शनिचर के दिने ई स्तर 186 रहल। मौसम में बदलाव के चलते प्रदूषण के स्तर गरीब श्रेणी में पहुंच गईल बा।

भारत मौसम विभाग (IMD) के अनुसार, बंगाल के खाड़ी के ऊपर मानसून के प्रगति अपेक्षाकृत धीमा होखे के संभावना बा, एही से जून के पहिला पखवाड़ा में देस मे समग्र मानसून के बरखा के गतिविधि मंद रह सके ला।

सबसे खराब पूर्वानुमान दिल्ली एनसीआर के बा। इहाँ सामान्य तारीख से 12 दिन बाद 30 जून के बजाय 12 जुलाई से मानसून के बरखा के संभावना बा। जून आ बाकी सीजन में एह इलाका सभ पे बरखा के तीव्रता सामान्य से नीचे होखी। खुद एह हफ्ता के शुरुआत में आईएमडी केरल के ऊपर दक्षिण पश्चिम मानसून के देरी से शुरू होखे के भविष्यवाणी कईले रहे। मानसून शुरू होखला के बाद भी मानसून के हवा के गति धीमा होई अवुरी रुक-रुक के बरखा होई।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]