[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में छापेमारी में मिलल कई जगह हुक्का बार, कई लोग हिरासत में

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला में बंदी के बावजूद शहर में हुक्का बार चलsता। एसपी सिटी कृष्ण कुमार विश्नोई के नेतृत्व में अतवार के देर रात गोलघर, देवरिया रोड आ मेडिकल कॉलेज रोड के पाँच गो रेस्टोरेंट आ बार में छापा मारल गइल. हुक्का, पाइप आ तंबाकू के जब्त कइल गइल आ साथही कुछ संचालकन आ ओह लोग के कर्मचारियन के हिरासत में लिहल गइल। अब केस दाखिल करे के तइयारी चलत बा।

देर रात जब एसपी सिटी गोलघर के रेस्टोरेंट में गईले त भारी संख्या में युवक हुक्का पीयत मिललें। पुलिस के देख के युवक भाग गईलें। कर्मचारी भी फरार हो गईले। एक जने के हिरासत में ले लिहल गइल बा। कैंट थाना के पुलिस रेस्तरां में रखल हुक्का, पाइप अवुरी तंबाकू जब्त कईले बिया। एकरा बाद पुलिस जीडीए टावर प स्थित रेस्तरां में जाके हुक्का बार के पकड़ लिहलस। संचालक के हिरासत में लेके कैंट थाना भेज दिहल गईल।

कैंट थाना पडलेगंज के लागल रेस्तरां में छापामारी कईलस, लेकिन कुछूओ ना मिलल। रात के 11 बजे जब एसपी सिटी फोर्स के संगे देवरिया रोड के दुगो रेस्तरां में पहुंचले त उहाँ भी एगो युवक अवुरी एगो लईकी हुक्का पीयत मिलल। कुछ लोग के हिरासत में लिहल गईल। रात 11:30 बजे जब पुलिस मेडिकल कॉलेज रोड के एगो होटल पहुंचल त उहाँ भी एगो युवक अवुरी एगो लईकी हुक्का पीयत मिलल। पुलिस सब मामला में कार्रवाई करsतिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]