[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली: राउज एवेन्यू कोर्ट में पेश भइले मनीष सिसोदिया, 15 जुलाई ले खातीर बढ़ल न्यायिक हिरासत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आम आदमी पार्टी के नेता मनीष सिसोदिया आजु दिल्ली आबकारी मामिला में राउस एवेन्यू कोर्ट में पेश भइले. आजु मनीष सिसोदिया के न्यायिक हिरासत खतम होत रहे बाकिर कोर्ट से राहत ना मिलल. उनुकर न्यायिक हिरासत 15 जुलाई ले बढ़ा दिहल गइल बा. अब एह मामिला के सुनवाई 15 जुलाई के होखी.

सिसोदिया हाल ही में सुप्रीम कोर्ट के दरवाजा खटखटवले रहले 

हालही में दिल्ली हाईकोर्ट से निराश दिल्ली के डिप्टी सीएम रहल मनीष सिसोदिया दिल्ली शराब घोटाला के मामिला में जमानत खातिर सुप्रीम कोर्ट से संपर्क कइले रहले. मनीष सिसोदिया अपना जमानत खातिर सुप्रीम कोर्ट में अपील कइले रहले.

सुप्रीम कोर्ट में दिल्ली के डिप्टी सीएम रहल आ आम आदमी पार्टी के नेता मनीष सिसोदिया दिल्ली हाईकोर्ट के फैसला के चुनौती देत ​​सीबीआई आ ईडी केस में जमानत के मांग कइले रहले.

एकरा से पहिले 21 मई के दिल्ली हाईकोर्ट सीबीआई अवुरी ईडी मामला में पूर्व डिप्टी सीएम मनीष सिसोदिया के जमानत आवेदन के खारिज कs देले रहे। मनीष सिसोदिया दिल्ली शराब घोटाला के मामला में फरवरी 2023 से तिहाड़ जेल में बंद बाड़े।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]