[the_ad_group id="30365"]

आयुष कॉलेजों में हेराफेरी से एडमिशन पावे वाले सब छात्र सस्पेंड, दस्तावेज भइल सील

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आयुष कॉलेजन में हेराफेरी से भइल एडमिशन के मामिला में संदिग्ध पावल गइल सब छात्रन के सस्पेंड कs दिहल गइल बा। इनके हॉस्टल छोड़ले के आदेश दिहल गइल बा। लेकिन इनके दस्तावेज सील कs दिहल गइल बा।

प्रदेश के आयुर्वेदिक अउर यूनानी अउर होम्योपैथी मेडिकल कॉलेजन में तमाम छात्रन के हेराफेरी कर दाखिला ले लिहले रहल। आयुष विभाग के जांच में 891 छात्र संदिग्ध चिन्हित कइल गइल बा।

सब सरकारी कॉलेजन के प्रधानाचार्य छात्रन के निलंबित कs दिहले बानें। जबकि निजी कॉलेजन के छात्रन के खिलाफ निलंबन के कार्रवाई चल रहल बा। करीब 10 निजी कॉलेज के छात्रन के निलंबित करे के सूचना आयुष विभाग में भेज दिहले बानें जबकि दुसरे के रिपोर्ट अभिन ले कार्यालय नाइ पहुंचल बा। देर साँझ ले ई रिपोर्ट विभाग में पहुंचले के उम्मीद बा।

सूत्रन के कहनाम बा कि अभिन छात्रन के खिलाफ कौनो तरह के तरह के कार्रवाई नाइ होई। जांच पड़ताल के बादे इनके खिलाफ कार्रवाई कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]