[the_ad_group id="30365"]

Delhi : दिल्ली में डीएमएस दूध के आपूर्ति आजु से बंद, कास्टिक सोडा मिलले पs लाइसेंस तुरंत प्रभाव से निलंबित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

शनिचर से दिल्ली दूध योजना (डीएमएस) दूध के आपूर्ति ना कर पाई। दूध में कास्टिक सोडा मिलला के बाद भारतीय खाद्य सुरक्षा आ मानक प्राधिकरण के क्षेत्रीय इकाई दिल्ली दूध योजना के लाइसेंस तुरंत प्रभाव से निलंबित कs देले बिया। ए मामिला में शुक्रवार के सबेरे आदेश जारी भईल, जवना में कहल गईल बा कि डीएमएस कवनो तरीका से दूध के उत्पादन अवुरी बिक्री ना क पाई।

दू महीना पहिले दिल्ली के डीएमएस के शादीपुर प्लांट में कास्टिक सोडा मिलल रहे। ओह घरी बतावल गइल कि उक्त दूध के आपूर्ति राजधानी में संचालित 400 बूथ आ 800 दुकानन में हो चुकल बा। एह गड़बड़ी के स्वीकार करत डीएमएस आधा लीटर के सगरी पैकेट वापस लेबे के लिखित आदेश जारी कइले रहुवे।

सभे बूथ संचालक के कहल गईल कि जवन दूध के पैकेट अब पीये लायक नईखे, ओकरा के बटोर के डीएमएस में भेज देस। इ दूध के पैकेट 20 जुलाई के तइयार भईल रहे अवुरी 22 जुलाई ले एकर इस्तेमाल हो सकता।

डीएमएस फिलहाल दिल्ली में आधा लीटर, एक लीटर अवुरी पांच लीटर के पैक में दूध के आपूर्ति करेला। ई दूध संसद भवन, सांसदन के आवास, साउथ एवेन्यू, नॉर्थ एवेन्यू, बंगाली मार्केट के बूथ पs आ एम्स आ आरएमएल अस्पतालन के मरीजन के भी सप्लाई कइल जाला।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]