Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार ट्रेन हादसा: आजो रद्द भइल कई गो ट्रेन, कई गो के रूट्स में कइल गइल बदलाव, इहां देखी पूरा लिस्ट

बक्सर में भइल एह हादसा में 4 लोग के मउत हो गइल बा आ बहुते यात्री घवाहिल हो गइल बाड़े। दुर्घटना के बाद भईल शुरुआती जांच में पाता चलल बा कि इ दुर्घटना कवनो साजिश ना रहे बालुक पटरी में खराबी के चलते भईल बा।

241

 

बुध के रात बिहार के बक्सर में भईल ट्रेन दुर्घटना के असर अबे ले परिचालन पs असर पड़ता। बियफ़ें के भी दुर्घटना के चलते बहुत ट्रेन रद्द हो गईल रहे। आज शुक के भी बहुत ट्रेन रद्द हो गईल बा। एकरा संगे बहुत ट्रेन में रूट में बदलाव भईल बा। बता दीं कि एह भयानक ट्रेन दुर्घटना में 4 लोग के मउत हो गईल अवुरी बहुत लोग घाही हो गईले। एह दुर्घटना के बाद शुरुआती जांच में पता चलल कि इ दुर्घटना पटरी में कुछ खराबी के चलते भईल बा।

 

ट्रेन 128 किमी/घंटा के रफ्तार से गुजरल रहे

प्रारंभिक जांच रिपोर्ट के मुताबिक दुर्घटना के चलते घाटा 52 करोड़ से जादे के अनुमान बा। रिपोर्ट के मुताबिक लोको पायलट अवुरी उनुका सहायक के ‘ब्रेथ एनालाइजर’ टेस्ट भी करावल गईल। बुधवार के रात भईल ए दुर्घटना में लोको पायलट (ड्राइवर) आंशिक रूप से घाही हो गईल अवुरी उनुकर सहायक गंभीर रूप से घाही हो गईल। रिपोर्ट में लोको पायलट के बयान भी शामिल बा, जवना में कहल गईल बा कि ट्रेन रघुनाथपुर स्टेशन से 128 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से गुजरल, लेकिन स्टेशन पार कईला के तुरंत बाद पीछे से तेज झटका लागल।

 रात 9:52 बजे ट्रेन पटरीरात से उतर गईल

रिपोर्ट में लोको पायलट के हवाला से कहल गईल कि, जादा कंपन अवुरी गंभीर झटका के चलते ब्रेक के पाइप के दबाव अचानक कम गईल अवुरी रात 9:52 बजे ट्रेन पटरी से उतर गईल। एहमें रघुनाथपुर स्टेशन के एगो गेटमैन आ पॉइंटमैन के हवाला से कहल गइल बा कि ऊ लोग ट्रेन के पहिया के लगे से चिंगारी आवत देखले बाड़े। रिपोर्ट में लोको पायलट अवुरी उनुका हेल्पर के ब्रेथ एनालाइजर टेस्ट के नेगेटिव घोषित कs दिहल गईल बा। बिहार के बक्सर जिला के रघुनाथपुर के लगे बुध के रात 12506 नॉर्थ ईस्ट एक्सप्रेस पटरी से उतरला से नाहियो त चार लोग के मउत हो गइल आ कई लोग घवाहिल हो गइले।

 

 

661610cookie-checkबिहार ट्रेन हादसा: आजो रद्द भइल कई गो ट्रेन, कई गो के रूट्स में कइल गइल बदलाव, इहां देखी पूरा लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.