[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: सीएम योगी काल दु दिवसीय दउरा पs अइहें गोरखपुर, मनइहें नवरात्र

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गिडा के सीईओ अनुज मलिक शुक्रवार के ज्ञान डेयरी प्लांट के निरीक्षण कईले अवरू तइयारी के बारे में जानकारी लेले। गुरुवार के कंपनी के अधिकारी एकरा खातीर लखनऊ में मुख्यमंत्री से मुलाकात कईले। एक बेर ई प्लांट शुरू हो गइल तs करीब 500 लोग के सीधा रोजगार मिल जाई।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ 15 अक्टूबर के दू दिन के दउरा पs अइहें। उ 15 अक्टूबर के साँझ 5 बजे गोरखनाथ मंदिर में नवरात्रि खातीर कलश के स्थापना करीहे। 16 अक्टूबर के दुपहरिया 3 बजे ज्ञान डेयरी प्लांट के उद्घाटन करी।

गोरखनाथ मंदिर के मुख्य पुजारी कमल नाथ बतवले कि 15 अक्टूबर के साँझ पांच बजे गोरखनाथ मंदिर में कलश लगावल जाई। 22 अक्टूबर के निशा पूजन आ हवन आ 23 अक्टूबर के महानवमी के व्रत बा, जवना में सबेरे 8:30 बजे कन्या पूजा कार्यक्रम होई।

एकरा अलावे 24 अक्टूबर के शाम 4 बजे गोरक्षपीठाधीश्वर महंत योगी आदित्यनाथ मनसरोवर मंदिर अवुरी रामलीला मैदान, अंधियारी बाग जाके देवता के पूजा अवुरी अभिषेक करीहे। एकरा बाद श्री राम दरबार में पूजन आ राज तिलक कार्यक्रम पूरा हो जाई।

दूसर ओर गिडा के सीईओ अनुज मलिक शुक के ज्ञान डेयरी प्लांट के निरीक्षण कईले अवुरी तैयारी के बारे में जानकारी लेले। बियफ़ें के कंपनी के अधिकारी एकरा खातीर लखनऊ में मुख्यमंत्री से मुलाकात कईले। एक बेर ई प्लांट शुरू हो गइल तs करीब 500 लोग के सीधा रोजगार मिल जाई। कंपनी के महाप्रबंधक जीपी तिवारी कहले कि संयंत्र के परीक्षण पूरा हो चुकल बा।मुख्यमंत्री उद्घाटन खातीर आवे के अनुमति दे देले बाड़े।

जीआईडीए के सीईओ प्लांट के निरीक्षण कईले अवुरी तैयारी के बारे में जानकारी लेले। उद्घाटन के संगे डेयरी उत्पाद के उत्पादन भी शुरू हो जाई। सीईओ गिडा, अनुज मलिक बतवले कि ज्ञान डेयरी के उद्घाटन 16 अक्टूबर के दुपहरिया तीन बजे होखे वाला बा। कार्यक्रम के अनुमति मिलला के बाद तैयारी शुरू हो गईल बा।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]