[the_ad_group id="30365"]

Delhi Budget 2023: आज ना पेश होई दिल्ली सरकार के बजट, अरविंद केजरीवाल केंद्र पs लगवले ई आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Delhi Budget 2023: दिल्ली आ केंद्र सरकार में एक बेर फेर टकराव बढ़त दिख रहल बा। दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के ओर से कहल गइल बा कि मंगर के सरकार के बजट पेश ना होई। केजरीवाल के दावा बा कि केंद्र सरकार दिल्ली सरकार बजट पs रोक लगा देले बिया।

केजरीवाल सरकार के ओर से आरोप लगावल गइल बा कि केंद्रीय गृह मंत्रालय के ओर से अब तक दिल्ली सरकार के बजट 2023 के अप्रूवल नइखे मिलल। बता दीं कि केंद्र शासित प्रदेश दिल्ली के बजट के केंद्र सरकार के मंजूरी जरूरी होला। बता दीं कि दिल्ली सरकार के बजट मंगर के विधानसभा में पेश कइल जाये के रहे।

केंद्रीय गृह मंत्रालय से दिल्ली सरकार के बजट के काहे ना मिलल मंजूरी?

मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल राज्य सरकार के बजट के मंजूरी ना मिलला के गुंडागर्दी बतवलें बाड़ें। ओने, उपराज्यपाल वीके सक्सेना के कार्यालय कहलस कि बजट के लेके केंद्र के चिंता बा जवन समय पs केजरीवाल सरकार के बता दिहल गइल, दिल्ली के नया वित्त मंत्री कैलाश गहलोत मुख्य सचिव पs फाइल के छिपावे के आरोप लगवलें।

सूत्रन के मोताबिक, दिल्ली सरकार के ओर से जवन बजट मंजूरी खातिर केंद्रीय गृह मंत्रालय के भेजल गइल रहे, ओमे इंफ्रास्ट्रक्चर आ स्वास्थ के मुद्दन पs कम धेयान दिहल गइल रहे  जबकि एसे जादे विज्ञापन पs फोकस रखल गइल रहे। एह पs केंद्र केजरीवाल सरकार से स्पष्टीकरण मंगले रहे, बाकिर अभी ले दिल्ली सरकार जवाब नइखे देले। कहल जा रहल बा कि एही वजह से गृह मंत्रालय बजट रोकले बा।

बता दीं कि दिल्ली के बजट सत्र 17 मार्च से सुरू भइल बा। केजरीवाल सरकार के बजट आज पेश होखे के रहे, बाकिर अब केजरीवाल सरकार के दावा के मोताबिक मंगर के बजट पेश ना हो पाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]