[the_ad_group id="30365"]

Amritpal Singh: पंजाब पुलिस के शक, अमृतपाल सिंह ने बदलले आपन हुलिया; जारी कइल गइल अलग-अलग तस्‍वीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वारिस पंजाब दे के प्रमुख आ खालिस्तान समर्थक अमृतपाल सिंह जालंधर के गांव नंगल अंबिया के गुरुद्वारा से भेष बदलके अपना साथियन के संगे फरार भइल। गुरुद्वारा में अमृतपाल कपड़ा बदल के शर्ट पैंट पहिनलस आ अपना तीन साथियन के संगे दु अलग अलग बाइक पs फरार हाे गइल।

18 मार्च के लगा दिहल गइल रहे एनएसए

अमृतपाल पs बीतल 18 मार्च के एनएसए लगा दिहल गइल रहे। पुलिस एह ममिला में अमृतपाल के गुरुद्वारा तक पहुंचावे आ भागे में मदद करे वाला चार आरोपितन के गिरफ्तार कइले बिया। आईजी मुख्यालय सुखचैन सिंह गिल अमृतपाल सिंह के अलग अलग हुलिया के नया आ पुरान तस्वीरन के जारी कइलें।

315 बोर के राइफल आ वॉकीटॉकी भइल बरामद

आईजी बतवलें, पकड़ल गइल आरोपितन के पहचान नवा किला शाहकोट के मनप्रीत सिंह उर्फ मन्ना, बल नकोदर निवासी गुरदीप सिंह उर्फ दीपा, जिला होशियारपुर के गांव कोटला हरप्रीत सिंह उर्फ हैप्पी आ जिला फरीदकोट के गांव गुनदारा गुरभेज सिंह उर्फ भेज्जा के तौर पर भइल। आरोपितन से एगो 315 बोर के राइफल, तलवार आ वाकी टाकी बरामद कइल गइल बा। आरोपितन के खिलाफ आर्म्स एक्ट आ आरोपित अमृतपाल के भगावे के ममिला दर्ज कइल गइल बा।

पहिले मर्सिडीज फेर ब्रेजा लेके भागल रहे अमृतपाल 

आईजी बतवलें कि पकड़ल गइल आरोपित पुलिस पूछताछ में बतवले सs कि अमृतपाल मर्सिडीज से निकलके पहिले ब्रेजा कार में बइठल आ गांव नंगल अंबिया के गुरुद्वारा तक पहुंचल। उहां अमृतपाल सिंह आपन हुलिया बदललस। ऊ पेंट शर्ट पहिनलस आ आपन किरपाण ओहिजा छोड़ गइल। आईजी बतवलें कि ब्रेजा पकड़ल गइल आरोपितन के घर से बरामद कइल गइल बा।

154 लोग अब तक भइल गिरफ्तार 

ऊ बतवलें कि एह ममिला में अब तक 154 लोगन के गिरफ्तार कइल जा चुकल बा। ऊ लोगन से शांति बना के रखे के अपील कइलें।। आईजी बतवलें कि मोहाली में जवन लोग सड़क पs बइठल रहे ओकरा से सड़क खाली करवा लिहल गइल बा। आईजी कहलें कि अमृतपाल के लेके जवन अपडेट होई शेयर कइल जाई।

सरपंच के बंदूक के नोक पs बनावल गइल बंधक, दु पs ममिला दर्ज भइल

गांव उधोवाल के सरपंच मनप्रीत सिंह अमृतपाल के चाचा हरजीत सिंह आ हरप्रीत सिंह के खिलाफ ममिला दर्ज करवले बाड़ें। आईजी मुख्यालय बतवलें कि आरोपितन के ओर से परिवार के बंदूक के नोक पs बंधक बनावल गइल। ममिला के जांच पुलिस के ओर से कइल जा रहल बा।

पंजाब में इंटरनेट सेवा बहाल

पंजाब में इंटरनेट सेवा बहाल कs दिहल गइल। बाकिर पांच जिलन में अभी इंटरनेट सेवा प्रभावित रही। तरनतारन, फिरोजपुर, मोगा, संगरूर, सब डिवीजन अजनाला, मोहाली में वाइपीएस चौक के संगे-संगे एयरपोर्ट रोड़ के क्षेत्र में इंटरनेट सेवा आवे वाला 23 मार्च तक इंटरनेट सेवा बंद रही।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]