अमेरिका: भारतीय दूतावास पs भइल हमला के व्हाइट हाउस कइलस निंदा, कहलस- ई स्वीकार नइखे

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 21, 2023

अमेरिकी सरकार सैन फ्रांसिस्को शहर में इस्थित भारतीय दूतावास पs भइल हमला के कड़ा आलोचना कइले बिया। व्हाइट हाउस राष्ट्रीय सुरक्षा परिषद के प्रवक्ता जॉन किर्बी कहलें कि सैन फ्रांसिस्को में भारतीय वाणिज्य दूतावास में

Share

अमेरिकी सरकार सैन फ्रांसिस्को शहर में इस्थित भारतीय दूतावास पs भइल हमला के कड़ा आलोचना कइले बिया। व्हाइट हाउस राष्ट्रीय सुरक्षा परिषद के प्रवक्ता जॉन किर्बी कहलें कि सैन फ्रांसिस्को में भारतीय वाणिज्य दूतावास में तोड़फोड़ बिल्कुल अस्वीकार्य बा। अमेरिका एकर निंदा करत बा।

अमेरिका कइलस हमला के निंदा

किर्बी एगो बयान में कहले, “हमनी के निश्चित तौर पs बर्बरता के निंदा करत बानी सs। ई बिल्कुल अस्वीकार्य बा। स्थानीय अधिकारियन के संगे ममिला के जांच कइल जा रहल बा। दूतावास में भइल नुकसान के मरम्मत खातिर राज्य के विभाग काम करी।”

राजनयिकन के सुरक्षा खातिर प्रतिबद्ध

ओहिजा, एह हमला के बाद अमेरिकी बिदेस विभाग के प्रवक्ता कहलें, “संयुक्त राज्य अमेरिका भारतीय वाणिज्य दूतावास पs हमला आ अमेरिका के भीतर राजनयिक सुविधन के खिलाफ कवनो हमला के निंदा करत बा। हमनी के एह सुविधन के संगे-संगे काम करे वाला राजनयिकन के सुरक्षा के रक्षा करे के प्रतिज्ञा करत बानी सs।”

लंदन के बाद अमेरिका में हमला

बता दीं कि खालिस्तानी समर्थक लोग सोमार के सैन फ्रांसिस्को शहर में भारतीय वाणिज्य दूतावास पs हमला कइले रहे। एह हमला में दूतावास के भवन के नुकसान भइल बा। खालिस्तान के मांग वाला नारा लगावत कुछ प्रदर्शनकारी अइले आ बैरियरन के हटा देलें। ओकरा बाद उहां पs अपना संगे लागल झंडा लगा दिहल लो। कुछ प्रदर्शनकारी लोहा के राड से दूतावास भवन के दरवाजा आ खिड़कियन पs प्रहार कs के ओकरा नुकसान पहुंचावल सुरू कs दिहल। दु दूतावासकर्मी जल्दी से प्रदर्शनकारियन के झंडन के हटा दिहल लो, बाकिर तोड़फोड़ के गतिविधियन के रोक पावे में ऊ विफल रहल लो।

लंदन हमला में एगो गिरफ्तार

ओने, ब्रिटेन में अतवार के भारतीय उच्चायोग से तिरंगा हटावल गइला के ममिला में एगो आरोपी के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। उच्चायोग के सुरक्षा के बढ़ा दिहल गइल बा।

साभार: दैनिक जागरण

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.