[the_ad_group id="30365"]

दुनिया के सबसे खूबसूरत महिला में दीपिका पादुकोण एक मात्र भारतीय, इहां देखीं पूरा लिस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जोडी कॉमर

सबसे पहिले बता देईं कि एह सूची के एक वैज्ञानिक के द्वारा जारी कइल गइल बा। जौन दुनिया के सबसे खूबसूरत महिला चेहरा सुंदरता के अनुपात नपले में प्राचीन ग्रीक तकनीक ले लागू करे खातिर कंप्यूटरीकृत मैपिंग स्ट्रैटेजी के इस्तेमाल कइल गइल बा। जेमें जोडी के चेहरा के रेशियो के हिसाब से 98.7 प्रतिशित स्कोर मिलल बा।
दीपिका पादुकोण

एह नंबर पर रहली दीपिका पादुकोण

जानकारी के मुताबिक, यूके स्थित प्लास्टिक सर्जन, डॉ जूलियन डी सिल्वा जोडी कॉमर के स्टडी के हिसाब से दुनिया के सबसे खूबसूरत महिला चेहरा खातिर चुनल गइल बा। एहमें अभिनेत्री जेंडाया, मॉडल बेला हदीद के क्रमशः दूसरे अउर तीसरे स्थान पर रखल गइल बा। उहवें एह लिस्ट में बेयॉन्से अउर किम कार्दशियन भी जगह बनवले बाड़ी। बात करीं दीपिका पादुकोण के त ऊ दुनिया के 10 सबसे खूबसूरत महिला लोग के लिस्ट में नौंवे नंबर पर रहली।
किम कार्दशियन,दीपिका पादुकोण,

जोडी कॉमर के अलावा सेलेब्स के गोल्डन रेशियो स्कोर प्रतिशत में कुछ एह तरह से दिहल गइल बा। बाकी लोग जेंडाया (94.37), बेला हदीद (94.35), बेयॉन्से (92.44), एरियाना ग्रांडे (91.81), टेलर स्विफ्ट (91.64), जॉर्डन डन (91.39), किम कार्दशियन (91.28), दीपिका पादुकोण (91.22) और होयोन जंग (89.63) बाड़ी।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]