[the_ad_group id="30365"]

हैरतअंगेज जादुई करिश्मन से अचंभित करे वाला मशहूर जादूगर ओपी शर्मा के निधन, कानपुर में शोक के लहर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हैरतअंगेज जादुई करिश्मन से लोगन के अचंभित करे वाला देश के मशहूर जादूगर ओपी शर्मा के सनीचर के रात में निधन हो गइल। 80 साल के शर्मा शहर के बर्रा-2 में रहत रहस। ऊ फॉर्च्यून हॉस्पिटल में अंतिम सांस लेले।

उनका निधन के सूचना मिलतही शहर में शोक के लहर दउर गइल। रंगमंच आ इंद्रजाल के दुनिया के हर शख्स गमगीन हो गइल।

उनकर आवास भूत बंगला बन चुकल बा पहचान

ओपी शर्मा के घर के नाम भूत बंगला ह, जवन शहर के एगो पहचान बन चुकल बा। बर्रा से पहिले ऊ शास्त्रीनगर इलाका में रहत रहस। ऊ अपना शो में अक्सर कहल करस, एक झटका में कवनो जादूगर तइयार ना होला। एमे केतना परिश्रम आ चुनौती बा, एकर सब केहू अनुमान नइखे लगा सकत।

2002 में सपा से चुनाव लड़ले फेर भाजपा में अइले 

समाजवादी पार्टी के टिकट प 2002 में गोविंद नगर सीट से चुनाव लड़े वाला ओपी शर्मा साल 2019 में भाजपा के दामन थाम लेले रहस। 10 अगस्त 2019 के लाजपत भवन में भाजयुमो के एगो कार्यक्रम में ऊ भाजपा के सदस्यता लेले रहस।

16 गो ट्रकन में लेके चलल करस इंद्रजाल के सामान

जादूगर ओपी शर्मा जब कबो कवनो शहर में शो करे जात रहले तब उनका साथे 100 से बेसी लोगन के काफिला होखल करत रहे। उनका टोली में सहयोगी पुरुष आ महिला कलाकार, संगीतकार, गायक, मेकअप मैन, प्रकाश नियंत्रक, पेंटर, दर्जी, जइसन कइयन गो सहयोगी होत रहे लो। एकरा अलावे खानसामा, धोबी, नाई आदियन के समूह होता रहे। जब एक जगह से दूसरा जगह ओपी शर्मा रवाना होखल करस त इंद्रजाल के सारा सामान 16 से बेसी ट्रकन में समात रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]